For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Varanasi News: वाराणस के उद्योगपति झुनझुनवाला के इहाँ ईडी के रेड, बैंक धोखाधड़ी के बा मामला

01:38 PM Jun 21, 2024 IST | Sonu Kishor
varanasi news  वाराणस के उद्योगपति झुनझुनवाला के इहाँ ईडी के रेड  बैंक धोखाधड़ी के बा मामला
Advertisement

Varanasi News: वाराणसी में झुनझुवाला के घर पs ईडी छापा मरले बा। शुक के ईडी घर पs पहुंच के कार्रवाई कइलस। एह दौरान केहू के आए - जाए ना दिहल जात रहे।

Advertisement

वाराणसी के नाटीइमली में जिला के उद्योगपति दीनानाथ झुनझुनवाला के ठिकाना पs प्रवर्तक निदेशालय (ईडी) शुक के छापा मरलस। एह दौरान घंटन तले दस्तावेजन के छानबीन कइल गइल। एकरा के लेके आसपास के लोगन में दहशत के माहौल रहल। सूचना बा कि लोकल पुलिस भा एडमिनिस्ट्रेशन से कवनो तरे के कवनो मदद ना लिहल गइल गई आ नाहीं केहू के शामिल कइल गइल।

जानकारी के मोताबिक मामला बैंक धोखाधड़ी से जुड़ल बा। बतावल जा रहल बा कि ईडी के कार्रवाई के दौरान झुनझुनवाला के घर के भीतर भा बाहर आए- जाए पs रोक लगावल गइल रहे । सब केहू के मोबाइल आ इलेक्ट्रॉनिक उपकरणन के कब्जा में  लेके छानबीन कइल गइल आ कार्रवाई कइल गइल।

Tags :
Advertisement