For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Varanasi News: बाबा के आशीर्वाद लेवे पहुंचले रेलवे बोर्ड के नया चेयरमैन

10:21 AM Aug 30, 2024 IST | Sonu Kishor
varanasi news  बाबा के आशीर्वाद लेवे पहुंचले रेलवे बोर्ड के नया चेयरमैन
रेलवे बोर्ड के नवनियुक्त अध्यक्ष काशी विश्वनाथ के लेले आशीर्वाद
Advertisement

रेलवे बोर्ड के नवनियुक्त अध्यक्ष आ मुख्य प्रशासनिक अधिकारी के प्रभार सम्हारे से पहिले सतीश कुमार बाबा विश्वनाथ आ बाबा कालभैरव के दरबार में शामिल भइले। भारतीय रेलवे के ट्रैफिक एंड रोलिंग स्टॉक के सदस्य सतीश कुमार के 27 अगस्त के रेलवे के अध्यक्ष आ मुख्य प्रशासनिक अधिकारी बनावल गइल बा। उऽ एक सितंबर के प्रभार संभाल लीहें।

Advertisement

रेलवे के अधिकारी बतवले कि नयका अध्यक्ष गंगा के आशीर्वाद लेले। एकरा से पहिले उऽ मार्च महीना में बाबा विश्वनाथ के आशीर्वाद लेवे आइल रहले। सतीश कुमार कई साल से बनारस रेलवे इंजन फैक्ट्री में विभिन्न पद पर सेवा दे चुकल बाड़े।

पटियाला, गोरखपुर में सेवा देला के बाद उऽ उत्तरी रेलवे के लखनऊ डिवीजन के डीआरएम रहले। उऽ जयपुर में एसडीजीएम, एनडब्ल्यूआर के पदो पs काम कइले बाड़े।

Tags :
Advertisement