टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Varanasi News: लइकी छात्रा के बचावे खातिर दू गो विद्यार्थी गंगा में कूद गइलें, तीनों डूब गइलें, एक के लाश मिलल; दू गो के खोज जारी बा

12:04 PM Aug 25, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

घटना के जानकारी मिलला के बाद लंका थाना देर रात मौका पs पहुंचल। एनडीआरएफ आ गोताखोर के मदद से एगो छात्र के लाश बरामद भइल। बाकी दुनो के खोजे के प्रयास कइल जाता। खबर लिखे के समय तक दुनो के मुलाकात ना भइल रहे।

Advertisement

वाराणसी के सामने घाट इलाका में गंगा में डूब गइल दु लईका आ एगो लईकी। जानकारी मिलला के बाद लंका थाना के पुलिस उहाँ पहुंच के जल पुलिस आ एनडीआरएफ के गोताखोर के मदद से एगो छात्र के लाश बरामद कs लेलस। दूसर लईका लईकी के खोज जारी बा।

शनिवार के रात करीब 2:30 बजे लंका थाना के जानकारी मिलल कि सामने वाला घाट इलाका में गंगा में तीन लोग डूब गइल बाड़े। जानकारी के आधार पs लंका थाना प्रभारी शिवकांत मिश्रा बल के संगे मौका पs पहुंचले।

पाता चलल कि बिहार के मोतिहारी के एलएलबी के पहिला साल के छात्र वैभव (21), ओही जगह के स्नातक छात्र ऋषि (21) आ फिजियोथेरेपी के पढ़ाई करेवाली सोना (19 साल) गंगा में डूब गइल बाड़े। जयपुर के विवेकानंद स्कूल से बीटेक कर रहल रिशु बतवली कि रविवार के सबेरे 7 बजे हमनी के ट्रेन रहे। हम अपना एगो दोस्त से मिले आइल रहनी।

 सब लोग टहले निकलल रहे 

नींद ना आवे चलते हम टहले निकल गइनी। लापरवाही के चलते सोना सबसे पहिले गंगा में गिर गइल। ओकरा के बचावे के कोशिश में वैभव आ ऋषि डूब गइले। गोताखोर के मदद से पुलिस वैभव के लाश बरामद कs लेले बिया। ऋषि आ सोना के तलाशी लिहल जा रहल बा। ए दुर्घटना के बारे में छात्र आ लईकी के परिवार दुनो के जानकारी दिहल गइल बा।

Tags :
Accident NewsBhojpuri khabarBhojpuri News VaranasiKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri officialVaranasi News
Advertisement
Next Article