टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सहारनपुर के मंदिर में मवजूद बहुत पुरान इनार पs टिकलऽ ASI के नजर, खुदाई के दौरान जवन मिलल, सब रह गइले हक्का - बक्का

11:52 AM Feb 17, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

Saharanpur: सहारनपुर के इ इनार एह समय चर्चा में बनलऽ बा । भारतीय पुरातत्व विभाग (ASI) के नजरो एह इनार पs जा टिकलऽ बा । दरअसल इ इनार से अचानक प्राचीन काल के मूर्ति, शंख आ शिलालेख निकले लागल बा । एकरी बाद हर केहू के नजर एह इनार पs अटक गइलऽ बा । मानलऽ जा रहलऽ बा कि एह इनार के खुदाई पुरान समय के कय गो भेद सामने आ सकत बा ।

Advertisement

 

प्राचीन सिद्ध पीठ में बनल इनार से निकले लागल प्राचीन मूर्ति

दरsअसल सहारनपुर में प्राचीन सिद्ध पीठ गोटेश्वर महादेव के मंदिर बा । मंदिर परिसर में एगो इनारे बनलऽ बा । एह मंदिर के काफी प्राचीन मानलऽ जाला । मंदिर प्रशासन इहवां बनल इनार में खुदाई आ साफ-सफाई करवावत रहे,ओकरा इ यकीन रहे कि खुदाई के बाद इनार में पानी आ सकत बा , बाकी खुदाई के दौरान इनार के नीचे से जवन-जवन निकsलs शुरू भइल, ओकरा से हर कोई सकते में आ गइलऽ ।

6 फीट नीचे के खुदाई के बादे निकले लागल मूर्ति

बता दी कि जइसे इनार के खुदाई शुरू भइल, सबसे पहिले शिव परिवार के मूर्ति निकललऽ शुरू भइलs। एकरे बाद इनार के करीब 6 फीट ले खोदलऽ गइलऽ । एह दौरान इनार से देवी-देवतन के खंडित मूर्ति निकललऽ शुरू हो गइलऽ । एकरे बाद इनार के खुदाई के रोक देवलऽ गइलऽ आ मामला के जानकारी अधिकारियन के दे देवलऽ गइलऽ । बता दी कि इनार के खुदाई में 300 साल से बेसी पुरान प्राचीन शंख मिलल शंख बहुत निमन हालत में बा आ शंख अभीयो बज रहलऽ बा। इ शंख वजन में ढेर भारी बा आ एकदमे सुरक्षित हालत में बा । मानलऽ जा रहलऽ बा कि इनार के नीचे जदि अउरी खुदाई कइलऽ जाई तऽ उहंवा से कय गो प्राचीन मूरति आ अन्य वस्तु मिल सकतs बा ।

मंदिर के आस-पास हो गइलऽ रहे अवैध कब्जा

मंदिर कमेटी के महामंत्री के कहनाम बा कि साल 2020 में जिलाधिकारी के आदेश के बाद मंदिर के आस-पास से अवैध कब्जा हटवावल गइलऽ रहे । कहलऽ जातs बा कि इ मंदिर मराठा काल के बनल बा । मानल जाला कि मंदिर के नीचहु एगो मंदिर बनलऽ बा, जेकर रास्ता इनार के भितरो से बा। हमनीऽ ओह मंदिर के रास्तो खोजत रही सs आ इनार में पानी लावे के कोशिश करतऽ रही सs। एही से इनार के खुदाई करवावल जा रहल बा । खुदाई के दौरान एहमें से मूर्ति निकलल शुरू हो गइलऽ ।

अब ASI करी इनार के खुदाई

बता दी कि मंदिर प्रशासन इनार से प्राचीन मूर्ति निकाले के जानकारी जिलाधिकारी के देले । जिलाधिकारी सिटी मजिस्ट्रेट के फौरन मामिला के जांच के आदेश देले । डीएम के आदेश के बाद इनार के खुदाई के रोकवा देवलऽ गइलऽ।

 

इनार के मामिला के रिपोर्ट जिलाधिकारी ASI टीम के भेज देले बा। अब इनार के खुदाई के जिम्मेदारी ASI अपना ऊपर ले लेले बिया । अब एएसआई के टीम इनार के खुदाई करी आ एह इनार के इतिहास, मूर्तियन के प्राचीनता के इतिहास के बारे में जानकारी हासिल करी । फिलहाल इ मामिला चर्चा में आ गइलऽ बा ।

 

Tags :
ASI SurveyDevotionalGovernmentKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriLord ShivaMAHADEVMANDIRNewssaharanpur newsupUpdateuttarpradesh
Advertisement
Next Article