For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ना रहलें जूनियर महमूद, पेट के कैंसर से जंग के बाद दुनिया के कहलें अलविदा, फिल्म इंडस्ट्री में शोक

10:38 AM Dec 08, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
ना रहलें जूनियर महमूद  पेट के कैंसर से जंग के बाद दुनिया के कहलें अलविदा  फिल्म इंडस्ट्री में शोक
Advertisement

पेट के कैंसर से जंग के बाद बॉलीवुड के जानल-मानल एक्टर रहल जूनियर महमूद दुनिया के अलविदा कह देलें। देर रात 2 बजे ऊ आपन आखिरी सांस लेलें। निधन के बाद जूनियर महमूद अपना पीछे आपन परिवार छोड़ गइल बाड़ें। हिंदी फिल्म इंडस्ट्री में एक्टर के निधन से शोक पसर गइल बा।

Advertisement

बॉलीवुड के फेमस एक्टर में से एक रहल जूनियर महमूद के कैंसर से जंग के बाद निधन हो गइल बा। जूनियर महमूद पेट के स्टेज 4 कैंसर से जूझ रहल बा। उनकर इलाज मुंबई के एक अस्पताल में चलत रहे। देर रात करीब 2 बजे जूनियर महमूद आपन आखिरी सांस लेलें। फिल्म इंडस्ट्री में एक्टर के निधन से शोक पसर गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, आज जुमा के नमाज के बाद जुहू के कब्रिस्तान में जूनियर महमूद के सपुर्द ए खाक कइल जाई। निधन के बाद जूनियर महमूद अपना पीछे आपन परिवार छोड़ गइल बाड़ें। उनका परिवार में उनकर पत्नी, दुगो बेटा, पतोह आ 1 पोता बा लो  जूनियर महमूद साहब के असली नाम नईम सैय्यद रहे। उनकर जन्म 15 नवंबर 1956 के भइल रहे। कुछ दिनों पहिला ही जूनियर महमूद के पेट के कैंसर से पीड़ित होखे के खबर मास्टर राजू देले रहस। एकरा बाद कुछ सितारा उनका से मिलहूं पहुंचल लो।

मास्टर राजू रोज जूनियर महमूद के हाल लेवे पहुंचत रहस। उहे अपना पोस्ट के माध्यम से दुनिया के जूनियर महमूद के खराब हालत के खबर देले रहस। एक्टर संगे फोटो शेयर कs के मास्टर राजू पोस्ट में लिखले रहस, 'जूनियर महमूद के पेट के कैंसर के पता चलल बा। कृपया उनका खातिर प्रार्थना करी।' एकरा बाद जॉनी लीवर, जूनियर महमूद के मदद के आगे अइलें। एह मुश्किल वक्त में महमूद के करीबी दोस्त सलाम काजी उनका संगे रहस।

Tags :
Advertisement