टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ना रहलें सुप्रीम कोर्ट के दिग्गज वकील फली एस नरीमन, 95 के उमिर में लेले अंतिम सांस

11:29 AM Feb 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

फली एस नरीमन के आज निधन हो गइल हऽ। उऽ आज (21 फरवरी) 95 के उमिर में अंतिम सांस लेले। उनकर कार्यालय ई जानकारी देलस हऽ। पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी सरकार के दौरान उऽ एडिशनल सॉलिसिटर जनरल रहले। उनकर बेटा रोहिंटन नरीमनों सुप्रीम कोर्ट के वकील रह चुकल बाड़े। उनका निधन पऽ शोक प्रकट करत सुप्रीम कोर्ट के वकील अभिषेक मनु सिंघवी दुख प्रकट कइले।

Advertisement

फली नरीमन कई गो ऐतिहासिक मामला में बहस कइले, जवना में राष्ट्रीय न्यायिक नियुक्ति आयोग के प्रसिद्ध मामला शामिल रहल बा, जवना के सुप्रीम कोर्ट रद्द कऽ देले रहें।

2007 में पद्म विभूषण से भइल रहलें सम्मानित

10 जनवरी, 1929 के जन्मल नरीमन 1972 आ 1975 के बीच अतिरिक्त सॉलिसिटर जनरल के रूप में काम कइले रहलें। उऽ आपातकाल के दौरान ए पद से इस्तीफा दे देले रहलें। फली नरीमन के जनवरी 1991 में पद्म भूषण मिलल आ 2007 में उनका के पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल। उनकर बेटा रोहिंटन नरीमन, सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश रहलें ।

उऽ एगो लिविंग लीजेंड रहलें: अभिषेक मनु सिंघवी

उनका निधन पऽ शोक प्रकट करत सुप्रीम कोर्ट के वकील अभिषेक मनु सिंघवी एक्स पर लिखले," उऽ एगो लिविंग लीजेंड रहलें, जेकरा कानून आ सार्वजनिक जीवन से जुड़ल लोग हमेशा याद करी। आपन उपलब्धियन के अलावा, उऽ अपना सिद्धांतन पऽ अटल रहलें।

 

Tags :
Bhojpuri breaking newsBig braking newsKhabar Bhojpuri NewsPoltics NewsSuprimeSUPRIME COURT
Advertisement
Next Article