For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ट्रक एसोसिएशन के उपाध्यक्ष पs चाकू से हमला, जख्मी : अपहरण के कइल कोसिस, पुलिस के पहुंचला से पहिले फरार भइल बा

11:36 AM Feb 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ट्रक एसोसिएशन के उपाध्यक्ष पs चाकू से हमला  जख्मी   अपहरण के कइल कोसिस  पुलिस के पहुंचला से पहिले फरार भइल बा
Advertisement

गोपालगंज के नगर थाना क्षेत्र के बंजारी चौक के लगे अज्ञात हमलावरन सारण ट्रक एसोसिएशन के उपाध्यक्ष पs चाकू से हमला कs के जख्मी कs दिहल आ मवका से फरार हो गइल। ओहिजा घटना के सूचना मिलला के बाद डायल 112 के टीम मवका पs पहुंचल आ जख्मी आदमी के इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल। जख्मी आदमी के पहचान नगर थाना क्षेत्र के बंजारी मुहल्ला निवासी रामाशंकर तिवारी के बेटा बबलू तिवारी के रूप में भइल बा।

Advertisement

चाकू से हमला कs के कइल गइल जख्मी

जख्मी बबलू तिवारी बतवलें कि ऊ कुछ लोगों के संगे बंजारी मोड़ के लगे बइठ के आपस में बात करत रहे लो। तबे दुगो बाइक पs सवार चार के संख्या में पहुंचल हमलावर लोग चाकू के बल पs अपहरण करे के कोसिस करे लागल। तब ओकरा संगे मवजूद आउर लोगन एकर विरोध कइल सुरू कs दिहल लो।

एह दौरान हमलावरन के संगे ओकर नोकझोक होखे लागल। अपना मंसूबे में कामयाब न होत देख हमलावर चाकू से बब्लू तिवारी पs हमला कs दिहल लो। जवना से उनका हाथ में जख्म हो गइल। तबे गो आदमी डायल 112 के तत्काल फोन कs एकर सूचना दिहल लो। सूचना पाके डायल 112 के टीम मवका पs पहुंचल लो तबतक हमलावर फरार होखे में सफल रहल लो।

मवका पs पहुंचल डायल 112 के टी उनका के तत्काल इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल लो। जहां डॉक्टर के देखरेख में उनकर इलाज कइल गइल। ओहिजा पुलिस पूरा ममिला के जांच कs रहल बिया। ऊ बतवलें कि हमलावरन में दु लोगन के ऊ चिह्नत बाड़ें आ दु लोग अज्ञात रहे। धन संपत्ति के लेके उनका पs हमला कइल गइल।

पहुंचला से पहिले फरार भइलें सs अपराधी

डायल 112 के पुलिसकर्मी बतावल लो की सूचना मिलल रहे कि बंजारी बाइपास के लगे कवनो अज्ञात आदमी एगो आदमी के चाकू मार दिहल लो। जवना के बाद हमनी के मवका परs पहुंल बानी सs बाकिर हमलवार भाग चुकल रहलें सs। जवना के बाद जख्मी आदमी के ईलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। एह लोगन के पहिले के विवाद चल रहल बा। नगर थाना पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

Tags :
Advertisement