For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Video: लिस्ट जारी हो गइल ओकरा बादो ना भइल अमेठी से कांग्रेस उम्मीदवार के भरोसा, कहले - हमरा नइखे....

10:02 AM May 03, 2024 IST | Sonu Kishor
video  लिस्ट जारी हो गइल ओकरा बादो ना भइल अमेठी से कांग्रेस उम्मीदवार के भरोसा  कहले   हमरा नइखे
Advertisement

Amethi Congress candidate कांग्रेस अमेठी आ रायबरेली से आपन उम्मीदवारन के घोषणा कऽ देलस। पार्टी रायबरेली से राहुल गांधी तऽ ओहिजा अमेठी से गांधी परिवार के करीबी केएल शर्मा के टिकट दिहल गइल बा। टिकट मिलला के बाद केएल शर्मा के पहिला रिएक्शन सामने आइल बा। केएल से जब टिकट के बारे में पूछल गइल तऽ उनका भरोसा ना भइल कि उनका टिकट मिलल बा।

Advertisement

Amethi Congress candidate कांग्रेस आज यूपी के दू गो हॉट सीट अमेठी आ रायबरेली से आपन उम्मीदवारन के घोषणा कइलस। कई दिनन के इंतजार के बाद आखिरकार कांग्रेस रायबरेली से राहुल गांधी तऽ ओहिजा अमेठी से गांधी परिवार के करीबी केएल शर्मा के टिकट देलस।

टिकट मिलला के बाद केएल शर्मा के पहिला रिएक्शन सामने आइल बा । केएल से जब पूछल गइल कि पार्टी अमेठी से टिकट देले बिया, एपर का कहे के बा। उऽ जवाब देत कहले कि हमरा अबही नइखे पता आ जब जानकारी मिली तऽ एपर बात करब।

Tags :
Advertisement