टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: जिला परिवहन पदाधिकारी के गाड़ी से अवैध वसूली के वीडियो वायरल, बेवसाई लगवलें गंभीर आरोप

12:59 PM Oct 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बक्सर। जिला परिवहन पदाधिकारी के गाड़ी से अवैध वसूली के वीडियो वायरल होने से हड़कंप मच गइल। एमे दिख रहल बा कि सरकारी गाड़ी में बइठल सुरक्षाकर्मी ट्रकन के रुकवा रहल बा आ ओकरा से वसूली कs रहल बा। केहू एह घटना के वीडियो वायरल कs दिहल। बतावाल जा रहल बा कि 22 अक्टूबर के रात तकरीबन आठ बजे राष्ट्रीय राजमार्ग-922 पs अहिरौली मोड़ के लगे उत्तर प्रदेश से बिहार के सीमा में प्रवेश कs के पटना के ओर जा रहल एगो ट्रक के जिला परिवहन पदाधिकारी के गाड़ी से पीछा कs के रोकल गइल। रोकल गइला पs परिवहन पदाधिकारी के गाड़ी से एगो पुलिसकर्मी बाहर निकलल आ ऊ ट्रक के चालक से पईसा प्राप्त कइलस। एही बीच कवनो राहगीर एकर वीडियो बना लिहल, जवना के बाद में सोशल मीडिया पs वायरल कs दिहल। ममिला बक्सर के डीएम अंशुल के संज्ञान में आइल बा, जवना के बाद ओकर जांच करावल जा रहल बा। जे केहू दोषी पावल जाई ओकरा खिलाफ नियमानुसार कार्रवाई कइल जाई।

Advertisement

जिला परिवहन पदाधिकारी के वाहन में बइठल होखला के दावा

अब एकर वीडियो सामने अइला के बाद एह घटना के जांच कइल गइल तs सीसीटीवी फुटेज सामने आइल जेमे ई घटना साफ-साफ दिखाई दे रहल बा। अइसन में ई लोग बात साफ हो गइल कि ट्रक चालक से वसूली कइल जा रहल बा। वायरल वीडियो देखला के बाद ई दावा कइल जा रहल बा कि जिला परिवहन पदाधिकारी वाहन में बइठल बाड़ें। बता दीं कि हाले में नगर थाना में पदस्थापित सब इंस्पेक्टर के ओर से पेट्रोलिंग के दौरान ट्रकन से वसूली के वीडियो सामने अइला के बाद एक ओर जहां पूरा पेट्रोलिंग टीम के सस्पेंड कs दिहल गइल रहे।

पहिलहूं वसूली के बात आइल बा सामने 

बता दीं कि परिवहन विभाग के कर्मियन के ओर से पहिलहूं वसूली कइल गइला के बात सामने आवत रहल बा। हाले में बक्सर नगर के बेवसाई कुछ नव पदस्थापित परिवहन कर्मियन पs वसूली कइल जाये के आरोप लगवले रहे लो। ऊ लोग के कहनाम रहे कि जब ओह लोगन के बेवसायिक वाहन उत्तर प्रदेश भा पटना से आवेला तs राष्ट्रीय राजमार्ग-922 पs बनल टोल प्लाजा आ वीर कुंवर सिंह सेतु के लगे बनल चेक पोस्ट पs वाहनन से अवैध तरीका से वसूली होला। एह बात के साक्ष्य ऊ सदर विधायक संजय कुमार तिवारी उर्फ मुन्ना तिवारी के देले रहे लो, जवना के बाद विधायक के निरदेस पs जिला परिवहन पदाधिकारी संबंधित कर्मियन पs कार्रवाई करे के बात कहले रहे लो। अब तs खुद जिला परिवहन पदाधिकारी के वाहन से वसूली कइल जाये के ममिला सामने आ रहल बा।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsBribe TakenDTO Vehicle
Advertisement
Next Article