टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

NCW: राष्ट्रीय महिला आयोग के नया अध्यक्ष होइहें विजया रहाटकर, अर्चना मजूमदार के सदस्य के रूप में नियुक्ति

06:28 PM Oct 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
विजया रहाटकर - फोटो : आकाशवाणी
Advertisement

विजया रहाटकर राष्ट्रीय महिला आयोग के नया अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। रहाटकर एकरा पहिले 2016 से 2021 तक महाराष्ट्र राज्य महिला आयोग के अध्यक्ष रह चुकल बाड़ी। सामाजिक कामन में उनकर भूमिका के देखते उनका के ई जिम्मेदारी सउपल गइल बा। ओहिजा, अर्चना मजूमदार के राष्ट्रीय महिला आयोग के सदस्य नियुक्त कइल गइल बा। राष्ट्रीय महिला आयोग के मकसद महिला लोगन के अधिकारन के रक्षा करे, ओह लोगन के खिलाफ हो रहल भेदभाव आ हिंसा के समाप्त करे आ ऊ सब क्षेत्रन में समान अवसर प्रदान कइल बा।

Advertisement

महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव आ राजस्थान के सात सीटन पs उपचुनाव से पहिले एह लोगन के ई बड़ जिम्मेदारी सउपल गइल बा। विजया महाराष्ट्र के संभाजीनगर से आवेली आ राज्य में अगिला महीना विधानसभा चुनाव बा। एकरा पहिले, राजस्थान में भाजपा के सह-प्रभारी रह चुकल बाड़ी। अइसन में मानल जा रहल बा कि पार्टी एक तीर से कइयन गो निशाना साधे के कोसिस कइले बिया। उनकर एह नियुक्ति से मतदाता लोगन में संदेश जा सकत बा कि भाजपा महिला लोगन के उचित सम्मान दे रहल बिया आ नेतृत्व करे के जिम्मा सउप रहल बिया।

केंद्रीय महिला आ बाल विकास मंत्रालय के ओर जारी प्रेस विज्ञप्ति के मोताबिक, रहाटकर एह पद पs तीन साल भा 65 बरिस के उमिर तक (जवन पहिले होखे) खातिर नियुक्त कइल गइल बा। ऊ आयोग के नवां अध्यक्ष होइहें। रहाटकर भाजपा महिला मोर्चा के अध्यक्ष रहल बाड़ी। महाराष्ट्र महिला आयोग में अपना कार्यकाल के दौरान ऊ सक्षमा (तेजाबी हमलन के पीड़ितन के मदद खातिर), प्रज्ज्वला (स्वयं सहायता समूहन के केंद्र सरकार के योजनन से जोड़े खातिर) आ सुहिता (महिला लोगन खातिर 24x7 हेल्पलाइन सेवा) जइसन कल्याणकारी पहलन के सुरुआत कइले बाड़ी।

एकरा अलावे, ऊ पॉक्सो अधिनियम, तीन तलाक विरोधी प्रकोष्ठ आ मानव तस्करी विरोधी इकाइयन पs फोकस कs के कानूनी सुधारन पs काम कइली। रहाटकर डिजिटल साक्षरता कार्यक्रम सुरू कइली आ महिला लोगन के मुद्दन के समर्पित 'साद' नामक प्रकाशनो सुरू कइली। महिला सशक्तिकरण में उनका जोगदान खातिर कइयन पुरस्कारन से सम्मानित कइल गइल बा। जवना में राष्ट्रीय कानून पुरस्कार आ राष्ट्रीय साहित्यिक परिषद से सावित्रीबाई फुले पुरस्कार सामिल बा।

Tags :
BhojpuriNational Commission For WomenNCWRashtriya Mahila AyogVijaya Rahtakar
Advertisement
Next Article