टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

DMDK पार्टी के चीफ आ एक्टर विजयकांत के निधन, रहले Covid पॉजिटिव 

11:11 AM Dec 28, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

कैप्टन विजयकांत के निधन हो गइल बा। उs 28 दिसंबर बियफ़ें के सुबेरे चेन्नई के एगो अस्पताल में आपन अंतिम सांस लेले। हाल ही में उनकर Covid टेस्ट पॉजिटिव आइल रहे आ उनका साँस लेवे में दिक्कत होखत रहे। जवना के बाद उनुका के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। कुछ घंटा तक उनुकर हालत बहुत गंभीर रहल अवुरी उनुका के वेंटिलेटर सपोर्ट पs राखल गईल।मेडिकल स्टाफ के बहुत कोशिश के बावजूद निधन हो गईल।

Advertisement

विजयकांत बियफ़ें के सबेरे एs दुनिया के छोड़ देले

उनुका निधन के खबर के बाद चेन्नई में उनुका आवास पs लोग के भीड़ जुट गईल। उनुका के एमआईओटी इंटरनेशनल अस्पताल में भर्ती करावल गईल। मउत के बाद एमआईओटी इंटरनेशनल एगो प्रेस रिलीज जारी कs कहलस कि, 'कैप्टन विजयकांत निमोनिया के चलते भर्ती भईला के बाद वेंटिलेटरी सपोर्ट पs रहले।' मेडिकल स्टाफ के बहुत कोशिश के बावजूद 28 दिसंबर 2023 के सुबेरे उनुकर निधन हो गईल।

विजयकांत के नवंबर में भी अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक देसिया मुरपोक्कू द्रविड़ कड़गम (DMDK) के संस्थापक अवुरी अभिनेता विजयकांत के प्यार से 'कैप्टन' कहल जात रहे। उहो बहुत दिन से बेमार रहले। उनकर उमिर 71 साल रहे। विजयकांत के एकरा से पहिले नवंबर में एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गईल रहे। करीब तीन हफ्ता तक उनुका के अस्पताल में राखल गईल। एकरा बाद उनुका के अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गईल।

विजयकांत के रहले?

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक विजयकांत बहुत हिट फिल्म कईले रहले। ऊ 154 गो फिलिमन में काम कइले रहले। उ अभिनय के बाद राजनीति में उतरले। उ डीएमडीके पार्टी के स्थापना कईले। उ दु बेर विधायक भी चुनल गईले। विरुधाचल आ ऋषिवंडियम से चुनाव जीत के विधानसभा में पहुंचले। एतने ना, उ 2011 से 2016 ले तमिलनाडु विधानसभा में विपक्ष के नेता भी रहले।

 

 

 

Tags :
Actor VijayakanthDMDK Party Chief vijayakanthvijayakanthvijayakanth dmdk chief diesचेन्नईतमिलनाडु
Advertisement
Next Article