For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'क्योंकि सास भी कभी बहू थी' फेम एक्टर विकास सेठी के हार्ट अटैक से मौत

04:10 PM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
 क्योंकि सास भी कभी बहू थी  फेम एक्टर विकास सेठी के हार्ट अटैक से मौत
विकास सेठी: फोटो ( गूगल )
Advertisement

टीवी इंडस्ट्री से एगो दुखद खबर सामने आ रहल बा। सुप्रसिद्ध फेम एक्टर विकास सेठी अब हमनी के साथे नइखन। महज 48 साल के कम उमिर में उऽ आखिरी सांस लिहले। ‘क्योंकी सास भी कभी बहु थी’ के फेम एक्टर विकास सेठी के एतवार के दिने निधन हो गइल। अचानक मौत के खबर से लोग चौंक गइल बा। मौत के कारण हार्ट अटैक बतावल जाता। हालांकि खबर लिखे के समय तक परिवार के ओर से कवनो बयान जारी नइखे भइल।

Advertisement

दोसरा ओर विकास सेठी के असामयिक निधन के चलते टीवी इंडस्ट्री में शोक के लहर मचल बा। सेठी एगो लोकप्रिय टीवी अभिनेता रहले। उऽ स्मृति ईरानी आ एकता कपूर के लोकप्रिय टीवी शो ‘क्योंकि सास भी कभी बहु थी’ में काम कइले बाड़न। ई शो साल 2000 में शुरू भइल रहे। ई शो करीब आठ साल ले चलल। साथही विकास सेठी ‘कहीं तो होगा’ धारावाहिक खातिर भी खबर में रहलें। एकर शुरुआत साल 2003 में भइल रहे।

एकरा साथ ही उऽ कई गो टीवी शोज में कइले। ‘कहीं तो होगा’, क्यों होता है प्यार , ‘कसौटी जिंदगी के’, ‘गुस्ताख दिल’, ‘जरा नचके दिखा’, ‘दो दिल बंधे एक डोरी से’ और ससुराल सिमर का’ जइसन शोज में अपना एक्टिंग से फैंस के दिल जीतले बाड़न। एकरा अलावा कई गो फिल्मों में काम के आपन किस्मत अजमवले रहलें।

Tags :
Advertisement