टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हम रिटायर नइखी होखत... 24 घंटा में विक्रांत मैसी लिहले यूटर्न

11:09 AM Dec 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
विक्रांत मैसी
Advertisement

एहिजा बॉलीवुड अभिनेता विक्रांत मैसी अपना रिटायरमेंट के एलान कइलन आ इंडस्ट्री में बहुते हलचल मच गइल. सभे सोचत रह गइल कि कइसे अचानक अभिनेता अपना करियर के चरम पs अभिनय से अलविदा कहे के फैसला कइलन. आखिर का होई? उनुका पोस्ट से लोग बहुत अर्थ निकालत रहे बाकिर अब विक्रांत खुदे आपन कहल बात के असली मतलब बतवले बाड़े।

Advertisement

विक्रांत रिटायर नइखन होखत

विक्रांत के कहल बा कि सभे उनुका के गलत समझ लेले बा, उs रिटायर नईखन होखत। ना ही उs इंडस्ट्री के अलविदा कहतारे। उनुका बयान से एगो अलगे अर्थ निकलल बा. ऊ तs बस ब्रेक लेबे के चाहत रहले. ऊ फिलिमन के साइन कइले बाड़न, जवना के ऊ पूरा करीहें, ओकरा बाद ऊ ब्रेक लीहें आ ओकरा बाद कवनो स्क्रिप्ट पs विचार करीहें.

अपना बात के सही अर्थ बतावत विक्रांत साफ कहले कि, 'हम रिटायर नईखी होखत।' बस हमरा एगो लमहर ब्रेक के जरूरत बा. घर के याद आवत बा, स्वास्थ्य भी ठीक नइखे चलत।
विक्रांत साफ कहले कि उ निश्चित रूप से शोबिज में वापसी करीहे बाकिर कब एकर कवनो हिंट ना देले। एह घरी प्रशंसक उनुका आखिरी दू गो फिलिमन के इंतजार करत बाड़े. 

इहो पढ़ीं: परदा पs पहिल बेर खुलल रोशन फैमिली से जुड़ल राज, OTT पs आइल बा 'द रोशन्स' डाक्यूमेंट्री-सीरीज

Tags :
bollywoodBollywood Actorbollywood actor vikrant masseyEntertainmentVikrant Massey
Advertisement
Next Article