टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हिरासत में लिहल गइले रजनीकांत के फिल्म में विलन बनल विनायकन

10:33 AM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Actor Vinayakan: रजनीकांत के फिल्म ‘जेलर’ में खलनायक के भूमिका निभावे वाला मशहूर मलयालम अभिनेता विनायकन के हैदराबाद के राजीव गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पर हिरासत में लिहल गइल बा। उनका प एयरपोर्ट पs हंगामा करे आ इंडिगो गेट के कर्मचारी के संगे बदसलूकी करे के आरोप बा। कथित तौर पs अभिनेता नशा में धुत्त रहले आ सार्वजनिक जगह प बेकाबू व्यवहार करत रहले।

Advertisement

दर्ज भइल केस 

अभिनेता विनायकन कोच्चि से हैदराबाद चहुँप गइल रहले आ गोवा जात रहले। उनकर एगो वीडियो सामने आईल बा, जवना में उऽ एयरपोर्ट के फर्श प शर्ट उतार के बइठले आ कर्मचारी पs चिल्लात देखाई देतारे। घटना के बाद एयरपोर्ट प मौजूद सीआईएसएफ के सुरक्षा टीम विनायक के हिरासत में लेके स्थानीय हवाई अड्डा पुलिस के सौंप देलस। एयरपोर्ट थाना के सीआई बलराज कहले कि, 'केस दर्ज हो गइल बा आ जांच जारी बा।'

पहिलहू मुसीबत में पड़ल बाड़े

ई पहिला बेर नइखे कि विनायकन मुसीबत में पड़ल बाड़े। एकरा से पहिले अक्टूबर 2023 में केरल के एर्नाकुलम में एगो थाना में अराजकता फैलावे के आरोप में उनका के गिरफ्तार कइल गइल रहे। एकरा बाद अभिनेता प उनका अपार्टमेंट कॉम्प्लेक्स में गड़बड़ी करे के आरोप लगावल गइल आ एह मामला में उनका से पूछताछ भइल रहे। बाकिर, बाद में उनका के जमानत पs रिहा कऽ दिहल गइल।

'जेलर' में अदा कइले रहले इ भूमिका

विनायकन के सुपरस्टार रजनीकांत के बीतल साल आइल ब्लॉकबस्टर फिल्म 'जेलर' में खलनायक के रोल अदा करत देखल गइल रहे। उऽ स्मगलर के भूमिका में नजर आइल रहले। विनायकन साल 1995 में आई फिल्म ‘मांथ्रिकम’ से अभिनय पारी के शुरुआत कइले रहले। वे ‘कम्मतिपादम’ सहित आउरो कई गो फिल्मन में नजर आ चुकल बाड़े।

Tags :
actorKhabar bhojpuri Film newsRajinikanthSouth actor vinayakanSouth Indian moviesSouth movie villan
Advertisement
Next Article