For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

व‍िनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक 2024 से बाहर, अखि‍लेश कइले जांच के मांग; ड‍िंपल बोलली- सरकार जारी करे बयान

04:05 PM Aug 07, 2024 IST | Sonu Kishor
व‍िनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक 2024 से बाहर  अखि‍लेश कइले जांच के मांग  ड‍िंपल बोलली  सरकार जारी करे बयान
Advertisement

भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के अधिका वजन के चलते महिला कुश्ती 50 किलो वर्ग में अयोग्य करार दिहला के बाद अखिलेश यादव विनेश फोगाट के फाइनल में ना खेल पावे के तकनीकी कारणन के गहिराह जाँच करे के मांग कइले बाड़न। जबकि डिंपल यादव कहली कि पूरा देश के बड़ झटका लागल बा। उनका के अयोग्य काहें करावल गइल एकर उच्च स्तरीय जांच होखे के चाहीं।

Advertisement

भारतीय पहलवान विनेश फोगाट के अधिका वजन का चलते महिला कुश्ती 50 किलो वर्ग से अयोग्य करार दिहला का बाद फाउल प्ले के आशंका पैदा हो रहल बा। समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव कहले कि विनेश फोगाट के फाइनल में ना खेले पावे के तकनीकी कारण के गहरा जांच होखे के चाही आ इ सुनिश्चित होखे के चाही कि सच्चाई का बा अउरी एकरा पीछे असली कारण का बा।

समाजवादी पार्टी के सांसद डिंपल यादव कहली कि, "पूरा देश के बहुत बड़ झटका लागल बा। उनका के अयोग्य काहें कइल गइल एकर उच्च स्तरीय जांच होखे के चाही। सरकार के एकरा पs बयान जारी करे के चाही। एकर पूरा जांच होखे के चाही।"

पेरिस ओलंपिक के आखिरी मैच से पहिलहु पहलवान विनेश फोगाट मैदान से बाहर बाड़े। विनेश फोगाट के वजन अधिका होखला के चलते ओलंपिक से बाहर कर दिहल गइल.। उऽ 50 किलो वजन श्रेणी के अंतिम मैच में ना खेलीहें।

Tags :
Advertisement