टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

साक्षी मलिक के दावा पऽ बोलली विनेश फोगाट: जरी बहिन खातिर बोलल लालच बा तऽ...

03:00 PM Oct 22, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

ओलंपिक कांस्य पदक विजेता पूर्व पहलवान साक्षी मलिक बजरंग पुनिया अउरी विधायक विनेश फोगाट के बारे में कहले रहले कि जब दुनो के करीबी लोग लालच से दिमाग भरे लगले तऽ ओ लोग के विरोध प्रदर्शन में दरार आवे लागल।

Advertisement

एह पऽ कांग्रेस विधायक विनेश फोगाट कहली कि, लालच का? ई बात साक्षी मलिक से पूछे के चाहीं। अगर बहिनन खातिर बोले के लालच बा तऽ हमरा लगे उऽ बा आ ई बढ़िया बा। जदि लालच होखे तऽ देश के प्रतिनिधित्व कइल अउरी ओलंपिक पदक ले आवल एगो निमन लालच बा'

ओलंपिक कांस्य पदक विजेता पूर्व पहलवान साक्षी मलिक कहली कि पिछला साल विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के एशियाई खेलन के परीक्षण से बाहर निकले के फैसला से बृज भूषण शरण सिंह के खिलाफ उनका विरोध के छवि प्रभावित भइल काहे कि एहसे अभियान स्वार्थी लउकत रहे। साक्षी एह विरोध के तीन गो मुख्य पहलवानन में से एक रहली।

एकरा अलावे उ अपना कैरियर के संघर्ष के बारे में अपना हाल में रिलीज भइल किताब 'विटनेस' में लिखली। एहमें उऽ बतवली कि जब बजरंग आ विनेश के करीबी लोग मन में लालच भरे लागल तऽ ओह लोग के विरोध में दरार लउके लागल। एतने ना, किताब में साक्षी अपना कैरियर के शुरुआती संघर्ष के अलावे पूर्व पहलवान अउरी भाजपा नेता बबिता फोगाट पऽ भी आरोप लगवली कि उ विरोध प्रदर्शन के फायदा अपना स्वार्थ खाती उठवली।

Tags :
Bajrang puniyakhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsSakshi MalikVinesh PhogatVinesh Phogat news
Advertisement
Next Article