For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

विनेश फोगाट के मिली सिल्वर मेडल विजेता के सम्मान, हरियाणा के सीएम सैनी कइले बड़ ऐलान

09:35 AM Aug 08, 2024 IST | Khabar Bhojpuri Admin
विनेश फोगाट के मिली सिल्वर मेडल विजेता के सम्मान  हरियाणा के सीएम सैनी कइले बड़ ऐलान
Advertisement

पेरिस ओलंपिक में महिला 50 किलोग्राम कुश्ती वर्ग में अंतिम मैच से पहिले विनेश के वजन अधिका पावल गइला के चलते ओलंपिक से अयोग्य घोषित कs दिहल गइल.

Advertisement

हरियाणा के मुख्यमंत्री नायब सिंह सैनी एलान कइले बाड़न कि हरियाणा सरकार विनेश फोगाट के ओलंपिक में रजत पदक जीते खातिर पुरस्कार, सम्मान आ अउरी सुविधा दी. पेरिस ओलंपिक में महिला 50 किलोग्राम कुश्ती वर्ग के अंतिम मैच से पहिले विनेश के वजन अधिका पावल गइला के चलते ओलंपिक से अयोग्य घोषित कs दिहल गइल.

विनेश के एह परफॉर्मेंस पs पूरा भारत के गर्व बा

हरियाणा के सीएम सैनी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट में लिखले कि "हमनी खातीर विनेश फोगाट चैंपियन बाड़ी अवुरी पूरा भारत के विनेश के प्रदर्शन प" गर्व बा।" उ लिखले, हरियाणा के हमार बहादुर बेटी विनेश फोगाट शानदार प्रदर्शन कs के ओलंपिक में फाइनल में प्रवेश कईले रहली। कुछ कारण से हो सकेला कि ऊ ओलंपिक फाइनल ना खेल पवली बाकिर हमनी सभे खातिर ऊ चैंपियन बाड़ी. हमनी के सरकार तय कइले बिया कि विनेश फोगाट के एगो पदक विजेता के तरह स्वागत आ सम्मानित कइल जाई हरियाणा सरकार जवन सम्मान, इनाम आ सुविधा ओलम्पिक रजत पदक विजेता के देले बिया ऊ विनेश फोगाट के भी आभार के साथ दिहल जाई."

विनेश के वजन मेडल मैच से ठीक पहिले निर्धारित सीमा से 100 ग्राम जादा रहे, जवना के बाद मैच के अधिकारी उनुका के अयोग्य कs देले। विनेश पेरिस ओलंपिक में महिला 50 किलो फ्रीस्टाइल रेसलिंग इवेंट में भाग लेले रहली। एह फैसला के बाद विनेश के भी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। अब ऊ अचानक एगो बड़हन फैसला ले के कुश्ती से संन्यास लेबे के एलान कs के सगरी प्रशंसकन के हैरान कs दिहले बाड़ी.

Tags :
Advertisement