For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

मणिपुर में फेर भड़कल हिंसा, सुरक्षाबलन के हथियार लूटे के कोशिश

11:38 AM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
मणिपुर में फेर भड़कल हिंसा  सुरक्षाबलन के हथियार लूटे के कोशिश
Manipur Violence मणिपुर में हिंसा के घटना जारी।
Advertisement

मणिपुर में फेर से हिंसा भड़क गइल बा। काल्ह सुतल एगो आदमी के हत्या कर दिहल गइल। पुलिस के कहनाम बा कि इम्फाल पूर्वी जिला में मणिपुर राइफल के दु गो बटालियन के शस्त्रागार से कुछ बदमाश हथियार लूटे के कोशिश कइले, बाकिर सुरक्षा बल आंसू गैस के गोला आ चला के भीड़ के काबू में कऽ देलस।

Advertisement

एक बार फेर मणिपुर में हिंसा के घटना देखाई देता। जिरिबाम जिला में काल्ह हिंसा में पाँच जने के मौत हो गइल। एकरा संगे-संगे सुतल एगो आदमी के हत्या क दिहल गइल। एही बीच पुलिस के कहनाम बा कि इम्फाल पूर्वी जिला में मणिपुर राइफल्स के दु बटालियन के शस्त्रागार से कुछ बदमाश हथियार लूटे के कोशिश कइले, बाकिर सुरक्षा बल आंसू गैस के गोला अउरी खाली राउंड गोली चला के भीड़ के तितर-बितर कऽ देलस।

पुलिस के हथियार लूटे के कोशिश

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि शुक के देर रात कुछ बदमाश 7 आ 2 मणिपुर राइफल्स बटालियन से हथियार लूटे के कोशिश कइले, बाकिर संयुक्त सुरक्षा बल भीड़ के सफलतापूर्वक तितर-बितर कऽ देलस।

हिंसा में 2 पुलिसकर्मी घायल

बाद में जब खाबेइसोई में स्थापित 7वीं बटालियन से सुरक्षा टीम लवटत रहे तऽ बदमाश ओ लोग पs गोली चला देले, जवना से दु पुलिसकर्मी घायल हो गइले।

कहल जाता कि वरिष्ठ अधिकारी तुरंत मौका प पहुंचले आ इस्थिति के काबू में कऽ लेले। पुलिस एक बेर फेरु सभका से अपील करतिया कि कानून के अपना हाथ में मत लेस। एह तरह के दुस्साहस में लिप्त बदमाशन से कड़ा निपटल जाई आ ओकरा के गंभीर कानूनी परिणाम के सामना करे के पड़ी।

 निगरानी खातिर तैनात सैन्य हेलीकाप्टर

एही बीच हिंसा के घटना के चलते हवाई गश्त खातिर सैन्य हेलीकाप्टरो लगावल गइल बा आ आतंकवादियन के ड्रोन के गिरावे खातिर एंटी ड्रोन सिस्टम लगावल गइल बा।

लूट के हथियार आ गोला-बारूद बरामद भइल

बता दीं कि पछिला साल मई में मणिपुर में जातिगत हिंसा के प्रकोप के बाद हिंसक भीड़ मणिपुर पुलिस के शस्त्रागार आ जिला के बाकी सुरक्षा चौकी से चार हजार से जादे अत्याधुनिक हथियार आ लाखों गोला-बारूद लूट लेले रहले। बाद में सुरक्षा बल भारी संख्या में लूट के हथियार अवुरी गोला-बारूद बरामद कइलस।

Tags :
Advertisement