टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Jitan Sahni Murder Case : मुकेश सहनी के पिता के हत्या के मुख्य आरोपी काजिम गिरफ्तार, हत्या के वजह बतवलस

10:10 AM Jul 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मंगर के सबेरे सामने आइल हाई प्रोफाइल मर्डर के बुध के सांझ बिहार पुलिस मुख्यालय खुलासा कs देले बा। बिहार पुलिस के ओर से जारी विज्ञप्ति में बतावल गइल बा कि दरभंगा जिला के घनश्यामपुर थाना अंतर्गत जीतन सहनी हत्याकांड के मुख्य आरोपी काजिम अंसारी गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। डीजीपी आर एस भट्टी के निरदेस पs बनावल गइल टीम जांच के आधार पs बतवलस कि पईसा के लेनदेन के लेके भइल विवाद में जीतन सहनी के हत्या भइल रहे आ मुख्य आरोपी आपन संलिप्तता स्वीकार कs लेले बाड़ें।

Advertisement

जानीं पूरा माजरा

ममिला के खुलासा करत दरभंगा एसएसपी बतवलें कि हत्या के मुख्य आरोपी घनश्यामपुर थाना क्षेत्र के अफजला टोला, सुपौल बाजार निवासी शफीक अंसारी के लईका काजीम अंसारी (40) हs। ऊ ममिला के खुलासा करत बतवलें कि काजीम अंसारी के कपड़ा के एगो दुकान रहे, बाकिर पूंजी के अभाव में ओकर दोकान बंद हो गइल रहे, जवना वजह से ऊ बेरोजगार हो गइल रहे। आरोपी पुलिस के सामने आपन गुनाह कबूल करत कहलें कि ऊ जीतन सहनी से 2022 में तीन किश्त में डेढ़ लाख के लोन 4% मासिक ब्याज के दर पs आपन ज़मीन गिरवी रख कs के लेले रहे। करजा लेला के बाद ऊ रुपिया चुकावे में असमर्थ होत रहे।

2023 में ऊ जीतन सहनी के ब्याज के 50 हजार रुपिया देलस। जीतन सहनी के ओर से बाकी के रकम के लवटावे खातिर ओकरा पs दवाब बनावल जात रहे। जवना के आरोपी देवे में खुद के असमर्थ बतावत रहे। मृतक ब्याज पs पईसा लेवे के दौरान आरोपी काजिम के जमीन के कागजात के अपना लगे जमा करा लेले रहे। 12 जुलाई के काजिम अंसारी आ इनकर एगो साथी मो० सितारे उर्फ छेदी मृतक से ब्याज के रकम कम कs के उधार के हिसाब करे आ जमीन वापस करे खातिर जीतन सहनी से बात करे गइल रहे, बाकिर बातचीत के दौरान दुनो पक्षन के बीच कहासुनी होखे लागल आ बात नइखे बनल। एह बात के पुष्टि सितारे आ मृतक के भतीजा प्रमोद सहनी कइले रहस।

काम ना बनल तs कs देलस हत्या

कवनो रस्ता समझ ना अइला पs काजिम अंसारी अपना कुछ साथियन के संगे मिलके जीतन सहनी से आपन लोन के कागजात जबरदस्ती छिने के योजना बनवलस। घटना के रात में काजिम 10 से 11 बजे के बीच मृतक के घर के सामने वाला गली में रेकी कइलस, जवन पास में लागल cctv फुटेज में आ गइल। ई सुनिश्चित होखला के बाद कि रात 11 बजे के बाद मृतक के घर से सब लोग चल गइल, रात लगभग डेढ़ बजे काजिम आ ओकर साथी लोग घर के पीछे के दरवाजा से प्रवेश कइलस। दरवाजा भीतर के लॉक ना रहे। प्रवेश कइला के बाद अभियुक्त लोग मृतक के जगाके डरा धमका के अपना जमीन आ लोन के कागजात मांगल। मृतक उल्टा गाली देवल सुरू कs देलें। एह पs काजिम खिस में आके मृतक पर ताबड़तोड़ चाकू से वार कइल सुरू कs देलस। बाकी लोग मृतक के हाथ गोड़ पकड़ के रखले रहे। हत्या कइला के बाद अभियुक्त कागज़ात वाला अलमारी के चाबी खोजे के कोसिस कइलें सs, ताकि अपना कागजात वापस ले जा सकs सs। बाकिर चाभी ना मिलल। एह पs अभियुक्त निर्णय लेलें सs कि अलमारी के बन्द अवस्था मे पानी मे फेंक दिहल जावs ताकि सब कागज गलके नष्ट हो जाव। फेर सब आरोपी मिलके लकड़ी के अलमारी के घर के पीछे इस्थित छोट तालाब में फेंकके उहां से फरार हो गइलें सs।

एफएसएल टीम के प्रमाण मिलल

अभियुक्त काजिम अंसारी के अपराध कइला के समय पहिनल कपड़न के ओकरा घर से जब्त कइल गइल बा। हालांकि, कपड़ा धो दिहल गइल रहे, एकरा बादो ओकरा पs FSL के टीम ब्लड के चिह्न पवले बिया। काजिम के नाखूनो से FSL के जांच में ब्लड के अवशेष मिलल बा। काजिम अंसारी अपना जवन साथियन के नाम बतवले ना ओकनी के विषय मे जांच कइल जा रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsFather Murder CaseJitan Sahani Murder CaseMain Miscreant ArrestedMotive behind Murder DisclosedMukesh Sahani
Advertisement
Next Article