For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

महाराणा प्रताप के वंशज विश्वराज सिंह के भइल राजतिलक, ना करे दिहल गइल धूणी के दर्शन 

08:28 AM Nov 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
महाराणा प्रताप के वंशज विश्वराज सिंह के भइल राजतिलक  ना करे दिहल गइल धूणी के दर्शन 
धूणी के दर्शन के लेके विवाद
Advertisement

Advertisement

मेवाड़ के राजपरिवार के सदस्य रहल आ सांसद रहल महेन्द्र सिंह मेवाड़ के निधन के बाद सोमार के दिने उनुका बड़का बेटा विश्वराज सिंह मेवाड़ के राजतिलक समारोह परंपरा के मुताबिक चित्तौड़ किला में भइल. मेवाड़ के 77वां दीवान के रूप में गद्दी पs बइठल विश्वराज सिंह उदयपुर के मेवाड़ के सिटी पैलेस में स्थित धूणी पहुंचले। हालांकि देर रात ले उनुका के दर्शन ना करे दिहल गईल।

धूणी के दर्शन के खातीर गइल रहले विश्वराज सिंह

असल में मेवाड़ में एगो परंपरा रहल बा कि नया दीवान के गद्दी पs बइठला के बाद धूणी के दर्शन होला। एकरा बाद एकलिंग जी के दर्शन करा के शोक भंग कइल जाला, बाकिर सिटी पैलेस पs महाराणा मेवाड़ चैरिटेबल ट्रस्ट के कब्जा के चलते विश्वराज सिंह मेवाड़ के दर्शन करे से रोक दिहल गईल। बता दीं कि एक दिन पहिले कानून के मुताबिक नोटिस जारी भईल रहे, जवना में दुनो जगह पs अनाधिकृत लोग के प्रवेश पs रोक लगावल गईल रहे। एs नोटिस के बाद मेवाड़ के 16 जगह के ठिकानेदार एकरा के अपमान बतवले।

सोमार के जब विश्वराज सिंह मेवाड़ अपना समर्थकन के संगे सिटी पैलेस में दर्शन खातीर जाए लगले तs उनुका के रोक दिहल गईल। एकरा बाद लगातार समझावल गइल, बाकिर कवनो सहमत ना होले। देर रात सिटी पैलेस के भीतर से विश्वराज सिंह मेवाड़ के समर्थक अवुरी प्रशासन के बीच झड़प भईल। एह दौरान पत्थर चलावल भी होखत रहे। पत्थरबाजी के चलते एगो पुलिसकर्मी भी घायल हो गईल। एह दौरान विश्वराज सिंह मेवाड़ के समर्थक नारेबाजी कईले।

Tags :
Advertisement