टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Vodafone Idea पेश कइलस नया सस्ता प्लान, ग्राहकन के फ्री मिली 13 OTT सब्स्क्रिप्शन

12:39 PM Dec 19, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

वोडाफोन आइडिया सबसे सस्ता मनोरंजन योजना : वोडाफोन आइडिया भारतीय दूरसंचार क्षेत्र में जियो अवुरी एयरटेल के बाद तीसरा सबसे बड़ कंपनी बा। अपना यूजर बेस बढ़ावे खातिर कंपनी अपना ग्राहकन के नया आकर्षक योजना देत रहेले। अब साल 2023 के अंत से पहिले वीआई अपना करोड़ों यूजर खातीर सस्ता योजना पेश कईले बिया। एह योजना के सबसे बड़ खास बात इs बा कि बजट के अनुकूल होखला के बावजूद एकरा में बहुत बढ़िया ऑफर दिहल गईल बा।

बता दीं कि वोडाफोन आइडिया आपन 22 करोड़ से अधिका यूजर खातिर 202 रुपिया के नया प्रीपेड प्लान पेश कइले बा।बता दीं कि वीआई के ई नया प्लान रेगुलर प्लान जइसन नइखे। एहमें ग्राहकन के फोन, डाटा आ एसएमएस के सुविधा ना मिली।

अगर रउवा ओटीटी स्ट्रीमिंग करेनी तs रउवा वोडाफोन आइडिया के इs नया प्लान बहुत पसंद आवे वाला बा। काहे कि 202 रुपिया के ईs नया प्लान मनोरंजन के प्लान ह। एह में यूजर के एक महीना के VI Movies & TV Pro सब्स्क्रिप्शन दिहल जाला। कंपनी एह योजना में 13 से ढेर ओटीटी चैनल सभ के सदस्यता देले बिया जेह में डिज्नी हॉटस्टार, सोनी लिव आ सनएनएक्सटी नियर कई गो लोकप्रिय प्लेटफार्म सभ सामिल बाड़ें।

हम तs पहिलहीं बता देले बानी कि ई मनोरंजन के योजना ह। एहसे एकरा में कॉलिंग भा डाटा के सुविधा नइखे मिलत। फोन करे खातिर रउरा अलगा से रेगुलर प्लान लेबे के पड़ी। अगर रउआ कॉलिंग डाटा बेनिफिट वाला प्लान के तलाश में बानी तs बता दीं कि रउआ वीआई के 219 रुपिया के प्लान ले सकेनी। ए रिचार्ज प्लान में कंपनी ग्राहक के 21 दिन के वैधता देले बिया। एकरा संगे इs कवनो नेटवर्क में मुफ्त कॉलिंग के सुविधा अवुरी रोज 1GB डेटा देवेला। कंपनी रोज 100 एसएमएस भी देवेले।

 

 

Tags :
Latest tech newsRecharge OfferTech NewsTech News bhojapuriTelecom NewsVodafone Idea Ltd
Advertisement
Next Article