For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हादसा: गोरखपुर में पैडलेगंज चौराहा के लगे निर्माणाधीन नाला के दीवार ढ़हल, तीन गो घायल- एगो के हालत गंभीर

11:16 AM Mar 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
हादसा  गोरखपुर में पैडलेगंज चौराहा के लगे निर्माणाधीन नाला के दीवार ढ़हल  तीन गो घायल  एगो के हालत गंभीर
Advertisement

गोरखपुर के पैडलेगंज में निर्माणाधीन नाली के दीवार गिरला से तीन लोग घवाहिल हो गइल बाड़े। एहमें से एगो गंभीर रूप से घायल बतावल जात बा। सभे के इलाज खातीर जिला अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। पैडलेगंज से फिराक गोरखपुर चौराहा ले सड़क चौड़ा करे के काम चल रहल बा।

Advertisement

अबे पिछला महीना अयीसने निर्माण के दौरान निष्पादक एजेंसी के ओर से एगो गड्ढा खोदल गईल रहे। एही बीच पानी के पाइप टूट गईल। एकरा चलते एक हजार घर में पीये के पानी के आपूर्ति के संकट पैदा हो गईल। करीब 24 घंटा बाद पाइप के मरम्मत हो गईल अवुरी सप्लाई शुरू हो गईल।

Tags :
Advertisement