टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

FD करे के बा! जानीं कवन सरकारी बैंक दे रहल बा सबसे जादा ब्याज

11:02 AM Aug 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

पिछला दू महीना में बहुते सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक (पीएसयू) अपना फिक्स्ड डिपॉजिट (एफडी) ब्याज दर में बदलाव कइले बा. अगस्त महीना में फिक्स्ड डिपॉजिट के ब्याज दर में बदलाव करे वाला बैंकन में यूनियन बैंक, बैंक ऑफ इंडिया, पंजाब नेशनल बैंक आ अउरी कई गो बैंक शामिल बाड़े. ब्याज दर में बदलाव के बाद भारतीय यूनियन बैंक 333 दिन के एफडी पs सालाना 7.40% ले के सबसे जादा ब्याज दर दे रहल बा। जबकि सीनियर सिटीजन (60 साल आ ओकरा से अधिका उमिर के) के 0.50% अधिका ब्याज दिहल जा रहल बा आ सुपर सीनियर सिटीजन यानी 80 साल से ऊपर के लोग के एफडी पs 0.75% अधिका ब्याज दिहल जा रहल बा.

बैंक में एफडी पs मिलत बा ब्याज दर 

•एसबीआई के स्पेशल एफडी 

भारतीय स्टेट बैंक “अमृत वृष्टि” नाम से एगो नया सीमित अवधि के एफडी योजना शुरू कइले बा. अमृत ​​वृष्टि योजना में 444 दिन के एफडी पs सालाना 7.25% के आकर्षक ब्याज दर दिहल गइल बा. एह खास एफडी में बैंक शाखा, इंटरनेट बैंकिंग अवुरी योनो ऐप के माध्यम से निवेश कईल जा सकता।

•बैंक ऑफ इंडिया के स्पेशल एफडी 

बैंक ऑफ इंडिया स्पेशल डिपॉजिट के तहत आम नागरिकन के 7.30%, वरिष्ठ नागरिकन के 7.80% आ सुपर सीनियर सिटीजन के 7.95 प्रतिशत ब्याज दे रहल बा। 666 दिन खातिर 2 करोड़ रुपिया जमा कईला पs सीनियर सिटीजन के 7.80 प्रतिशत के दर से ब्याज मिली।

•बैंक ऑफ बड़ौदा के स्पेशल एफडी 

बैंक ऑफ बड़ौदा मानसून धमाका डिपॉजिट स्कीम लेके आइल बा। एह विशेष एफडी योजना में 399 दिन खातिर सालाना 7.25% आ 333 दिन खातिर 7.15% के दर से ब्याज दिहल जा रहल बा।

 

 

 

Tags :
Businessgovernment bankpaisapersonal financeSBISBI FD Rates
Advertisement
Next Article