For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Wayanad Landslides Live Updates: वायनाड में भूस्खलन में मरे वालन के गिनिती बढ़ के 36 हो गइल, 100 से अधिका लोग अबहियो मलबा के नीचे दब गइल बा

12:21 PM Jul 30, 2024 IST | Khabar Editor
wayanad landslides live updates  वायनाड में भूस्खलन में मरे वालन के गिनिती बढ़ के 36 हो गइल  100 से अधिका लोग अबहियो मलबा के नीचे दब गइल बा
Advertisement

मुंडक्कई, चुरालामाला, अट्टमाला आ नूलाप्पुझा गाँव भूस्खलन के चलते कट गइल बा । जिला के अधिकारी के मुताबिक भूस्खलन के बाद बहुत परिवार के अलग-अलग शिविर में चाहे अपना रिश्तेदार के घर में ले जाइल गइल बा।

Advertisement

वायनाड : केरल के वायनाड जिला में भारी बरखा के चलते भइल भारी भूस्खलन में मरेवाला लोग के संख्या बढ़ के 36 हो गइल। मंगल का सबेरे मेप्पाडी के लगे पहाड़ी इलाका में भूस्खलन भइल जवना से मुंडक्कई, चुरालमाला, अट्टमाला आ नूलपुझा गाँव सबले बेसी प्रभावित भइल बा । मलबा के नीचे बहुत लोग फंसला के आशंका बा आ भारी बरखा के चलते बचाव कार्य में बाधा आवत बा। केरल राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण (केएसडीएमए) प्रभावित इलाका में फायर ब्रिगेड आ राष्ट्रीय आपदा प्रतिक्रिया बल (एनडीआरएफ) के टीम के तैनात कइले बिया। एनडीआरएफ के एगो अतिरिक्त टीम वायनाद के राह पर बिया । कन्नूर रक्षा सुरक्षा कोर के दू गो टीम के भी बचाव कार्य में सहयोग करे के निर्देश दिहल गइल बा।

वायनाड में भूस्खलन: @11:00AM

केरल के मुख्यमंत्री सब सरकारी कार्यक्रम रद्द कर दिहले

मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन वायनाड के भूस्खलन के देखत आज होखे वाला सगरी सरकारी कार्यक्रम रद्द करे के कहले बाड़न । एही बीच पलक्काड प्रशासन आगे के आदेश तक जिला में खनन प रोक लगा देले बा।

भारतीय सेना के डीएससी सेंटर, कन्नूर व्यथिरी तालुका में फंसल लोग आ सरकारी जवानन के बचावे खातिर दू गो बाढ़ राहत टीम तैनात कइले बा । भारतीय नौसेना के रक्षा सुरक्षा कोर के जवान खोज आ बचाव अभियान खातिर भूस्खलन स्थल के ओर बढ़ रहल बाड़े। आईएमडी मलप्पुरम, कोझिकोड, वायनाद, कन्नूर आ कासरगोड खातिर भारी बरखा के अलर्ट बदल के ‘लाल’ कर दिहले बिया । एर्नाकुलम, इदुक्की, त्रिशूर आ पलक्काड खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा ।

पीएम मोदी दुख जतवले

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मंगल के दिने केरल के वायनाड जिला में भइल भूस्खलन में लोग के मौत पर दुख जतवले आ मुख्यमंत्री पिनाराई विजयन के एह संकट से निपटे खातिर केंद्र से हर संभव मदद के भरोसा दिहलन । प्रधानमंत्री मरेवाला लोग के परिवार के दु लाख रुपया के अनुग्रह राशि देवे के घोषणा भी कइले। घायल के 50 हजार रुपया दिहल जाई।

अमित शाह ई बात कहले

अपना एक्स अकाउंट पs पोस्ट करत अमित शाह लिखले कि केरल के वायनाड में भूस्खलन के घटना से हम बहुत चिंतित बानी। एनडीआरएफ युद्ध के आधार पर खोज आ बचाव अभियान चला रहल बा। दूसरा टीम प्रतिक्रिया अभियान के अउरी मजबूत करे खातीर निकल गइल बिया। मृतक के परिवार के प्रति हमार संवेदना आ घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के दुआ।

मुंडक्कई, चुरलमाला, अट्टमाला सबसे ज्यादा प्रभावित

अधिकारी बतवले कि भूस्खलन से प्रभावित आ कट गइल इलाका में मुंडक्कई, चुरालामाला, अट्टमाला आ नूलपुझा गांव शामिल बाड़े। जिला अधिकारी के मुताबिक भूस्खलन के चलते बहुत परिवार के अलग-अलग शिविर में चाहे अपना रिश्तेदार के घर में भेज दिहल गइल बा।

एह ट्रेनन के रद्द कर दिहल गइल

-ट्रेन नंबर 16305 एर्नाकुलम-कन्नूर इंटरसिटी एक्सप्रेस सिर्फ त्रिशूर में ही रुकी।

- ट्रेन नंबर 16791 तिरुनेलवेली-पलक्काड पलारुवी एक्सप्रेस सिर्फ आलुवा में ही रुकी।

- ट्रेन नंबर 16302 तिरुवनंतपुरम-शोरानूर वेनाड एक्सप्रेस खाली चलाकुडी में ही रुकी।

Tags :
Advertisement