For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हमनीं के त्याग करे के चाहीं', विनेश आ बजरंग के कांग्रेस ज्वाइन पऽ साक्षी मलिक...

03:28 PM Sep 06, 2024 IST | Sonu Kishor
हमनीं के त्याग करे के चाहीं   विनेश आ बजरंग के कांग्रेस ज्वाइन पऽ साक्षी मलिक
विनेश फोगाट आ बजरंग पूनिया के कांग्रेस ज्वाइन कइला पs बोलली साक्षी मलिक।
Advertisement

दिग्गज पहलवान साक्षी मलिक विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के कांग्रेस में शामिल होखे पs बड़हन बयान दिहले बाड़ी। उ कहली कि हमरो ऑफर मिलल रहे बाकिर जवना कारण से हम आंदोलन शुरू कइले बानी। हम ओकरा के आखिरी पड़ाव पs ले जाए के चाहत बानी। ई विनेश आ बजरंग पुनिया के निजी फैसला हऽ।

Advertisement

हरियाणा विधानसभा चुनाव से कुछ देर पहिले पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया कांग्रेस में शामिल हो जइहें। पहलवान साक्षी मलिक दुनो पहलवान के कांग्रेस में शामिल होखे पs एगो बड़ संदेश देले बाड़ी। उऽ कहली कि इ दुनो पहलवान के निजी फैसला हऽ। बाकिर हमार मानना बा कि हमनी के बलिदान देबे के चाहीं।

उऽ कहली कि हमनी के आंदोलन, बहिन-बेटी के लड़ाई के गलत आकार ना देवे के चाहीं। हमार लड़ाई जारी बा। हम तऽ अबहियों ओपर अडिग बानी। कुश्ती में महिला के शोषण के खिलाफ हमार आंदोलन जारी बा। हम हमेशा सोचेनी, कुश्ती खातिर काम करीं आ भविष्य में भी काम करत रहब।

Tags :
Advertisement