टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

'हमहूं तऽ हिंदू समाज में आवेनी भाई...', राहुल के ट‍िप्‍पणी पऽ फैजाबाद सांसद अवधेश प्रसाद के बड़ बयान

01:23 PM Jul 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

राहुल गांधी के ह‍िंदू समाज पs कइल गइल ट‍िप्‍पणी के लेके हंगामा मचल बा। एह मामला में फैजाबाद (अयोध्या) से सांसद अवधेश प्रसाद के प्रत‍िक्र‍िया सामने आइल बा। कहले  हम भाजपा के लोगन के बुद्धिमत्ता के बारे में ज्यादा कुछ नइखी कह सकत बाकिर राहुल गांधी ने पूरा हिंदू समुदाय पs कवनो आपत्तिजनक टिप्पणी नइखन कइले। उऽ कहले अरे हमहू तऽ हिंदू समाज में आवेनी भाई!

Advertisement

लोकसभा में नेता प्रत‍िपक्ष राहुल गांधी के 'ह‍िंदू समाज' पs कइल गइल ट‍िप्‍पणी के लेके हंगामा मचल बा। बीजेपी व‍िपक्ष पs हमलावर बिया, उहे व‍िपक्षी नेता लो के कहनाम बा क‍ि राहुल के बयान बीजेपी खातिर रहे। अब एह मामला में फैजाबाद (अयोध्या) से सांसद अवधेश प्रसाद के प्रत‍िक्र‍िया सामने आइल बा।

अवधेश प्रसाद कहले, "हम भाजपा के लोगन के बुद्धिमत्ता के बारे में ज्यादा कुछ नइखी कह सकत बाकिर राहुल गांधी ने पूरा हिंदू समुदाय पs कवनो आपत्तिजनक टिप्पणी नइखन कइले"। उऽ कहले - "अरे हमहू तऽ हिंदू समाज में आवेनी भाई"!

राहुल गांधी लोकसभा में का कहलें?

राहुल कहले, " हमनी के महापुरुषन लो ई संदेश देलस- डेरा मत, डेरवावऽ मत। शिवजी कहे लन- डेरा मत, डेरावव मत आ त्रिशूल के जमीन में गाड़ देवेले। दूसरका ओर जवन लोग अपना आप के हिंदू कहेला उऽ 24 घंटा हिंसा-हिंसा-हिंसा... नफरत-नफरत-नफरत... ई लोग हिंदू हइले ना हऽ। हिंदू धर्म में साफ लिखल बा सच के साथ देवे के चाहीं।"

ई भाजपा के रणनीत‍ि हऽ: अखि‍लेश यादव 

एकरा से पहिले सपा प्रमुख अखि‍लेश यादव से राहुल गांधी के भाषण आ उनकर 'हिंदू' टिप्पणी के लेके सवाल पूछल गइल रहे। जवाब में उऽ कहले, "अग्निवीर(योजना), ओपीएस आ किसानन के मुद्दा कायम बा। सरकार भलही नया होखे, बाकिर मुदा पुरान बा... ई भाजपा के रणनीति हऽ।"

Tags :
CongressMember of ParliamentPoltics NewsRahul gandhirahul gandhi news
Advertisement
Next Article