टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: पश्चिमी विक्षोभ से बदलल मौसम के मिजाज, आजो राहत के आसार

10:50 AM Aug 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। पश्चिमी विक्षोभ के चलते सनीचर के दिन सुहाना रहल। धूप के बावजूद मौसम में नमी राहत के अहसास करवलस। अतवार के हवा चलला के संगही दिन में आंशिक बादल छाइल रही।

Advertisement

मौसम विभाग के अनुसार, मानसून के द्रोणिका समुद्र तल पs जैसलमेर, कोटा, खजुराहो, दक्षिण-पूर्व उत्तर प्रदेश आ ओकरा से सटल उत्तर पश्चिमी मध्य प्रदेश के निम्न दबाव वाला क्षेत्र के केंद्र रांची, कोंटाई से होके बंगाल के खाड़ी तक जाला। एक हफ्ता से पूरा पूर्वांचल में छिटफुट बरखा के दौर चल रहल बा। एह बीच सनीचर के सक्रिय भइल पश्चिमी विक्षोभ के चलते दिन में तेज पछुआ हवा चले लागल। एकरा वजह से मौसम खुसगवार हो गइल। दुपहरिया में घाम के बावजूद हवा के चलते गरमी के अहसास ना भइल। अइसन शीतल हवा आमतौर पs अक्तूबर के मध्य में बहेला,बाकिर ई अगस्त के आखिरी सप्ताह में लोगन के चउका गइल।

मानसून के द्रोणिका के दक्षिण-पूर्व उत्तर प्रदेश से सटके गुजरला से अतवार के कुछ जगहन पs बरखा के अनुमान जतावल गइल बा। दिन में हल्का से मध्यम गति से हवा चलती रही। एह बीच पश्चिमी हवा के द्रोणिका के सक्रिय होखला से सनीचर के दिन में तेज हवा चलत रही। जवना के चलते मौसम सुहाना बनल रही। सनीचर के दिन के तापमान 33.6 डिग्री सेल्सियस आ रात में न्यूनतम तापमान 26.8 डिग्री सेल्सियस बनल रहल।

अचानक बदलल मौसम तs बरतीं सावधानी

सनीचर के अचानक मौसम में दिखल बदलाव के लेके विशेषज्ञ लोग सतर्कता बरते के सलाह देले बा लो। वरिष्ठ फिजिशियन डॉ. राजेश कुमार के कहनाम बा कि आमतौर पs एह तरे के परिवर्तन कमजोर प्रतिरक्षण क्षमता वाला लोगन के बीमार बना देले बा। अइसन बदलाव के दौरान फ्रिज के ठंडा पानी पियला से गला में खराश के लक्षण आवत रहेला। एकरा अलावे ई सर्दी-जुकाम आ वायरल फीवर के तेजी से बढ़ावेला। अइसन बदलाव से बचे खातिर गुनगुना पानी पीही आ मौसम अनुकूल बेवहार करी।

Tags :
Bhojpuri NewsChange in Weathergorakhpur newsWeather Update
Advertisement
Next Article