For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी-हरियाणा समेत 14 गो राज्य ओढ़लस घना कुहासा के 'चादर', पढ़ी - ताजा अपडेट

09:26 AM Dec 28, 2023 IST | Minee Upadhyay
यूपी हरियाणा समेत 14 गो राज्य ओढ़लस घना कुहासा के  चादर   पढ़ी   ताजा अपडेट
Advertisement

आईएमडी मौसम अपडेट : यूपी, पंजाब, हरियाणा, दिल्ली समेत देश के कई राज्यन के आजु सबेरे भी घना कुहासा से राहत ना मिलल। हालांकि नोएडा समेत दिल्ली के कुछ इलाका में हल्का हवा के चलते कुहासा से कुछ राहत मिलल बा। मौसम विभाग (आईएमडी) के कहनाम बा कि अगिला 3-4 दिन में उत्तर पश्चिम भारत के ऊपर घना से बहुत घना कुहासा जारी रहे के संभावना बा। आईएमडी के मुताबिक अगिला 24 घंटा में दिल्ली, हरियाणा, पंजाब, चंडीगढ़, उत्तर प्रदेश, जम्मू-कश्मीर अवुरी राजस्थान के अलग-अलग हिस्सा में रात अवुरी सबेरे के समय घना कुहासा के प्रकोप होई।

Advertisement

मौसम विभाग एडवाइजरी जारी कइलस

एकरा अलावे ओडिशा, असम, मणिपुर, मिजोरम, नागालैंड, त्रिपुरा अवुरी मेघालय में 28 दिसंबर से यानी आज से 31 दिसंबर तक बहुत घना कुहासा के संभावना बा। एह सब राज्यन में घना कोहरा के चलते दृश्यता कम हो गइल बा। मौसम विभाग के कहनाम बा कि सबेरे सबेरे दिल्ली, हरियाणा, पंजाब अवुरी चंडीगढ़ के कुछ जगह पs बहुत घना कुहासा (दृश्यता 50 मीटर) के संभावना बा। मौसम विभाग एह राज्यन में घना कुहासा के चलते लोग के सावधानी से आ कम रफ्तार से गाड़ी चलावे के सलाह देले बा। हो सके तs सबेरे घर से बाहर निकले से बची।

इहाँ दृश्यता बहुत कम बा

मौसम विभाग के ओर से कहल गईल कि... पटियाला-25,  अंबाला-25, चंडीगढ़-25, सफदरजंग-50, पालम-25, गंगानगर और चूरू-50; बरेली-25, झांसी-50, लखनऊ, वाराणसी-25, बहराइच-50; ग्वालियर-25 आ सतना में 50 मीटर के दृश्यता देखल जा रहल बा।

एह राज्यन में भयंकर जाड़ा के अलर्ट

मौसम विभाग के कहनाम बा कि पछिला 24 घंटा के दौरान पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़ अवुरी दिल्ली, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश अवुरी राजस्थान के अधिकांश हिस्सा में न्यूनतम तापमान 7-10 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल। पंजाब, दिल्ली, पश्चिम राजस्थान, उत्तर प्रदेश के कुछ हिस्सा अवुरी बिहार, झारखंड, गंगीय पश्चिम बंगाल, गुजरात अवुरी पूर्वोत्तर भारत के बहुत हिस्सा में न्यूनतम तापमान सामान्य से 2-3 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल।

रेड अलर्ट जारी कइल गइल

दिल्ली में आज के अधिकतम तापमान 21 डिग्री सेल्सियस के आसपास रहे के संभावना बा। न्यूनतम तापमान 8 डिग्री के आसपास रही। घना कुहासा के लेके आजु मौसम विभाग के ओर से रेड अलर्ट जारी कईल गईल बा। कुहासा के लेके खाली दिल्ली ना, पंजाब, हरियाणा, उत्तर प्रदेश अवुरी चंडीगढ़ में भी रेड अलर्ट जारी कईल गईल बा।

Tags :
Advertisement