For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

नया साल में बदलल मौसम के मिजाज: गोरखपुर में कोहरा छंटल तs दुपहरिया बाद निकलल घाम, न्यूनतम तापमान कम रहला से गलन बरकरार

02:05 PM Jan 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
नया साल में बदलल मौसम के मिजाज  गोरखपुर में कोहरा छंटल तs दुपहरिया बाद निकलल घाम  न्यूनतम तापमान कम रहला से गलन बरकरार
Advertisement

नया साल में मौसम शहरवासियन के साथ दे रहल बा। जहां 1 जनवरी के कोहरा छंटल, तs ओहिजा 2 जनवरी के निकलल धूप तनिका राहत पहुंचवलस। हालांकि, गलन अभियो बरकरार बा आ दिन में लोगन के कइयन गो गरम कपड़ा पहिने के पड़ रहल बा। बीतल तीन दिनन से सूरज ना निकलत रहे। बाकिर मंगर के दुपहरिया बाद अचानक मौसम के मिजाज बदलल। कोहरा हटल तs घाम निकल आइल। एसे मौसम खुसनुमा हो गइल।

Advertisement

ओहिजा हवा के रफ्तार कम होखला के संगही घाम निकलला के वजह से दिन के तापमान में बढ़न्ती हो गइल। हालांकि, सोमार के न्यूनतम पारा लुढ़कल। जवना के वजह से बहुते गलन महसूस भइल। मौसम विभाग के मोताबिक फिलहाल कुछ दिनन तक मौसम के अइसने बनल रहला के अनुमान बा।

पश्चिमी विक्षोभ के सक्रिय होखला से बदलल रहे मिजाज

पश्चिमी विक्षोभ के सक्रिय होखला से तीन दिन से मौसम के मिजाज बदल गइल रहे। गलन भरल ठंड लोगन के दिनचर्या के प्रभावित कs देले रहे। अइसन में नया साल के दूसरका दिन राहत भरत रहल। सबेरे घाम निकलला से मौसम खुसनुमा हो गइल। दिन के अधिकतम तापमान 18 दर्ज कइल गइल। जवन सामान्य से चार डिग्री सेल्सियस कम रहल।

हालांकि, न्यूनतम तापमान आठ डिग्री सेल्सियस रहल, जवन सामान्य से एक डिग्री सेल्सियस कम रहल। सोमार के अधिकतम तापमान 15.4 आ न्यूनतम तापमान 8.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। मंगर के न्यूनतम तापमान में तीन डिग्री सेल्सियस से जादे के कमी दर्ज कइल गइल। एह वजह से सोमार के सबेरे बहुते गलन महसूस भइल। जवना से लोगन के बहुत दिक्कतन के सामना करे के पड़ल।

Tags :
Advertisement