For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Weather Update: दिल्ली सहित कुछ राज्यन में बारिश के अलर्ट, जानीं मौसम कईसन होई

08:31 AM Jan 08, 2024 IST | Minee Upadhyay
weather update  दिल्ली सहित कुछ राज्यन में बारिश के अलर्ट  जानीं मौसम कईसन होई
Advertisement

Advertisement

भारतीय मौसम विभाग के मुताबिक फिलहाल कड़ा ठंडा अवुरी घना कुहरा से राहत के उम्मीद बहुत कम बा। विभाग अगिला 24 घंटा ले पंजाब, दिल्ली, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, बिहार, मध्य प्रदेश, पश्चिमी अवुरी पूर्वी राजस्थान के कुछ इलाका में घना से बहुत घना कुहरा अवुरी ठंडा के लहर के अनुमान लगवले बा। जहां कहल जात रहे कि अगिला दु दिन में दिल्ली एनसीए, पश्चिमी मध्य प्रदेश अवुरी पूर्वी राजस्थान में एक-दु जगह पs हल्का बरखा हो सकता, उहें मौसम विभाग के कहनाम बा कि, कई राज्य में अलग-अलग जगह पs हल्का बरखा हो सकता। कुछ जगहा पs भारी बरखा हो सकेला आ कुछ जगहा गरज के साथे ओला तक पड़ सकेला।

मौसम विभाग के मुताबिक अतवार के सबेरे पंजाब, हरियाणा, पश्चिमी उत्तर प्रदेश, पूर्वी उत्तर प्रदेश, बिहार, मध्य प्रदेश, पश्चिमी राजस्थान अवुरी पूर्वी राजस्थान के अलग-थलग इलाका में घना कुहरा देखल गईल। विभाग के मुताबिक 10 जनवरी के बाद ही घना कुहरा से राहत मिले के संभावना बा।

एह राज्यन में बारिश के अलर्ट जारी

अगिला 24 घंटा के दौरान देश के कुछ राज्य जइसे कि पंजाब, दिल्ली, हरियाणा, उत्तर प्रदेश, बिहार, मध्य प्रदेश, पश्चिमी राजस्थान आ पूर्वी राजस्थान में कुछ इलाका में घना कुहरा के साथे ठंडा लहर के स्थिति बनल रह सकेला आ ओकरा बाद यानी 9 जनवरी से घना कुहरा आ ठंडा के लहर से राहत मिले के उमेद बा। मौसम विभाग के कहना बा कि पंजाब, हरियाणा, दिल्ली, यूपी, राजस्थान आ मध्य प्रदेश के कुछ इलाका में 8 जनवरी के रात आ 9 जनवरी के सबेरे हल्का बरखा के संभावना बा।

एह राज्यन में आंही-तूफान के साथे ओलावृष्टि के संभव 

उत्तर-पश्चिम आ मध्य भारत, पूर्वी राजस्थान आ पश्चिम मध्य प्रदेश के अलग-थलग जगहन पs ओला के साथे गरज के संभावना बा। 8 आ 9 जनवरी के कुछ राज्यन में बरखा के संभावना बा। अगिला 4 दिन में तमिलनाडु आ अगिला दू दिन तक केरल के ऊपर कुछ जगह पs भारी बरखा आ अलग-थलग जगहन पs हल्का से मध्यम बरखा के संभावना बा। 9 आ 10 जनवरी के तमिलनाडु के कुछ जगहा पs भारी बरखा हो सकेला आ उत्तरी हिस्सा में हल्का बरखा हो सकेला। आठ जनवरी के आंध्र प्रदेश के तटीय इलाका में एक दू जगहा पs भारी बरखा होखे के संभावना बा। एकरा बारे में मौसम विभाग यलो अलर्ट जारी कईले बा।

8 जनवरी के मध्य प्रदेश, गुजरात, राजस्थान, पंजाब, हरियाणा अवुरी पश्चिम उत्तर प्रदेश में एक-दु जगह दुपहर चाहे रात में हल्का बरखा हो सकता, जबकि 9 जनवरी के जम्मू के दु जगह पs हल्का बरखा हो सकता आ कश्मीर, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में जगह-जगह हल्का बरखा आ बर्फबारी के संभावना बा।

Tags :
Advertisement