टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर से वड़ोदरा खातिर चली वीकली स्पेशल ट्रेन: रेलवे जारी कइलस शेड्यूल, जानीं ट्रेन के रूट

11:46 AM Aug 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर से वड़ोदरा के ओर से यात्रा करे वाला यात्रियन के राहत मिली। यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत, रेलवे प्रशासन उनकर सुविधा खातिर नया वीकली स्पेशल ट्रेन चलावल गइल बा। वीकली स्पेशल ट्रेन यात्रियन के ना खाली राहत दी, बलूक ओह लोगन के यात्रा के आउर आरामदायक आ सुविधाजनक बनाई। रेलवे प्रशासन ट्रेन के शेड्यूलो जारी कs देले बा।

Advertisement

ई बा ट्रेन के शेड्यूल

09111 वड़ोदरा-गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन 30 दिसंबर,2024 तक हर सोमार के वड़ोदरा से 19:00 बजे चलके गोधरा 20:10 बजे, रतलाम से 22:45 बजे, दूसरका दिन कोटा से 02:10 बजे, सवाई माधोपुर से 03:20 बजे, गंगापुर सिटी से 04:15 बजे, भरतपुर से 06:10 बजे, आगरा फोर्ट से 07:50 बजे, टुण्डला से 09:25 बजे, शिकोहाबाद से 10:02 बजे, मैनपुरी जं. 11:05 बजे, फर्रूखाबाद से 12:50 बजे, कानपुर सेण्ट्रल से 16:20 बजे, लखनऊ से 18:30 बजे, बाराबंकी से 19:15 बजे, गोण्डा से 20.40 बजे आ बस्ती से 22:10 बजे छूटके गोरखपुर 23:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 09112 गोरखपुर-वड़ोहरा वीकली स्पेशल ट्रेन 01 जनवरी, 2025 तक हर बुध के गोरखपुर से 05:00 बजे चलके बस्ती से 06:07 बजे, गोण्डा से 07:30 बजे, बाराबंकी से 09:00 बजे, लखनऊ से 10:40 बजे, कानपुर सेण्ट्रल से 12:25 बजे, फर्रूखाबाद से 15:10 बजे, मैनपुरी जं. से 16:37 बजे, शिकोहाबाद से 17:49 बजे, टुण्डला से 19:05 बजे, आगरा फोर्ट से 20:10 बजे, भरतपुर से 21:22 बजे, गंगापुर सिटी से 22:33 बजे, सवाई माधोपुर से 23:08 बजे, दूसरका दिन कोटा से 00:35 बजे, रतलाम से 04:25 बजे आ गोधरा से 07:17 बजे छूटके वड़ोदरा 08:35 बजे पहुंची।

अइसन होई कोच बेवस्था 

एह गाड़ी में वातानुकूलित प्रथम श्रेणी के 01, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 02, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 06, शयनयान श्रेणी के 08, साधारण द्वितीय श्रेणी के 02, जनरेटर सह लगेज यान के 01 आ LSLRD के 01 कोच सहित टोटल 21 कोच लगावल जाई।

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsGorakhpur-Vadodara Special Trainindian railwaysKnow The ScheduleWeekly Special
Advertisement
Next Article