टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

West Bengal: नंदीग्राम में भिड़ले बीजेपी-टीएमसी कार्यकर्ता, महिला के हत्या के बाद बवाल; सात लोग घायल

11:25 AM May 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

West Bengal : पश्चिम बंगाल के पूर्व मेदिनीपुर जिला के नंदीग्राम में भाजपा आ सत्तारूढ़ तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के कार्यकर्ता लो के बीच हिंसक झड़प भइल बा। बुधवार देर रात भइल एह झड़प में भाजपा के एगो महिला कार्यकर्ता के मौत हो गइल जबकि पार्टी के सात कार्यकर्ता घायलो भइल बाड़े। भाजपा हमला के आरोप टीएमसी पs लगवले बा। ई घटना नंदीग्राम के सोनचूरा गांव के बतावल जा रहल बा।

Advertisement

लोकसभा चुनाव के छठा चरण के मतदान से पहिले बंगाल के पूर्व मेदिनीपुर जिला के नंदीग्राम में भाजपा आ सत्तारूढ़ तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के कार्यकर्ता के बीच हिंसक झड़प भइल बा। बुध के रात के भइल एह झड़प में भाजपा के एगो महिला कार्यकर्ता के मौत हो गइल जबकि पार्टी के सात कार्यकर्ता घायलो भइल बाड़े।

टीएमसी के कार्यकर्ता लो धारदार हथियार से हमला कइलस : भाजपा

भाजपा हमला के आरोप टीएमसी पs लगवले बा। ई घटना नंदीग्राम के सोनचूरा गांव के बतावल जा रहल बा। स्थानीय भाजपा नेता लो के आरोप बा कि टीएमसी के कार्यकर्ता लो धारदार हथियार से हमला कइलस। हालांकि टीएमसी आरोपन के खारिज कइलस। मृत महिला भाजपा कार्यकर्ता के नांव रथीबाला आड़ी बतावल जा रहल बा। घटना से इलाका में तनाव के माहौल बा।

बंगाल में आठ सीटन पऽ 25 मई के मतदान

बता दी कि पूर्व मेदिनीपुर सहित जंगलमहल के जिलन के आठ सीटन पs छठा चरण में 25 मई के मतदान होखे के बा। बियफे के चुनाव प्रचार के अंतिम दिन बा। ओकरा से पहिले हिंसा के एह घटना से सियासी पारा गरमा गइल बा।

पश्चिम बंगाल में तामलुक, कांथी, घाटल, झाड़ग्राम, मेदिनीपुर, पुरुलिया, बंकुरा, बिशनुपुर लोकसभा क्षेत्रों में चुनाव बा। सब सीटन पs मतदान भोर सात से सांझ छह बजे ले होई। इहाँ कुल प्रत्याशियन के संख्या 79 बा।

Tags :
Bangal chunavBangal electionBJP BangalChunav West Bengalelection newsKhabar Bhojpuri NewsLoksabha ElectionsLoksabha Elections 2024TMC LeaderVoilcence in West Bengal
Advertisement
Next Article