For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बंगाल राज्यपाल पs छेड़छाड़ के आरोप: पुलिस ममिला के लेके सुरू कइलस जांच, जानीं काहे ना कइल गइल केस दर्ज

01:24 PM May 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बंगाल राज्यपाल पs छेड़छाड़ के आरोप  पुलिस ममिला के लेके सुरू कइलस जांच  जानीं काहे ना कइल गइल केस दर्ज
Advertisement

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल डॉ. सीवी आनंद बोस के खिलाफ एगो महिला छेड़छाड़ के आरोप लगवले बाड़ी। एहपर विवाद गहरात जा रहल बा। ममिला में राजनीतिक हलचल बढ़ गइल बा। एह बीच, पुलिस आरोपन के जांच सुरू कs देले बिया।

Advertisement

जांच टीम के गठन

कोलकाता पुलिस के सेंट्रल डिवीजन के डिप्टी कमिश्नर (डीसी) इंदिरा मुखर्जी कहली, 'राज्यपाल के खिलाफ छेड़छाड़ के ममिला सामने आइल बा। एह ममिला में एगो जांच टीम के गठन कइल गइल बा। हम अगिला कुछ दिनन में कुछ संभावित गवाहन से बात कs सकेम। संगही सीसीटीवी फुटेज खातिर अनुरोध कइल गइल बा।'

ई बा ममिला

कोलकाता के राजभवन में एगो संविदा कर्मचारी पश्चिम बंगाल के राज्यपाल सीवी आनंद बोस के खिलाफ यौन उत्पीड़न के आरोप लगवले बाड़ें। ऊ बियफे के सांझ कोलकाता के हरे स्ट्रीट पुलिस स्टेशन में शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। उनकर दावा बा कि राज्यपाल उनका संगे दु बेर छेड़खानी कइलें। पहिला बेर 24 अप्रिल के फेर बियफे के सांझ के।

महिला के आरोप बा कि राज्यपाल उनका के बायोडाटा के संगे राजभवन इस्थित अपना चेंबर में आवे के कहले रहस, जहां उनका संगे छेड़खानी कइल गइल। ऊ पहिले राजभवन में इस्थित आउटपोस्ट में तैनात पुलिसकर्मियन से एकर शिकायत कइली। उहां से उनका के थाना में जाये के कहल गइल। पुलिस के ओर से महिला के परिचय गोपनीय रखले गइल बा। पता चलल बा कि महिला 2019 से राजभवन में अस्थायी रूप से कार्यरत बा। ऊ राजभवन परिसर में इस्थित हॉस्टल में रहेली।

Tags :
Advertisement