टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

West Bengal Train Accident: तऽ एह वजह से बंगाल में भइल ट्रेन हादसा, Kanchanjunga Express से जाके टकराई मालगाड़ी; एगो चूक पड़ल भारी

12:17 PM Jun 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बंगाल के न्यू जलपाईगुड़ी के पास कंचनजंघा एक्सप्रेस एगो मालगाड़ी से टकरा गइल। कंचनजंघा एक्सप्रेस न्यू जलपाईगुड़ी स्टेशन के लगे निजबाड़ी स्टेशन पs खड़ा रहे तबे मालगाड़ी ओकरा के पीछे से टक्कर मार देलस। हादसा में पांच लोग के मारल गइले आ कई लोग घायल भइले। अब ट्रेन हादसा के वजहो सामने आ गइल बा।

Advertisement

सिलीगुड़ी। West Bengal Train Accident अगरतला से सियालदह जाए वाली कंचनजंघा एक्सप्रेस (Kanchanjunga Express Accident) सोमार भोरे न्यू जलपाईगुड़ी के लगे एगो मालगाड़ी से टकरा गइल। 13174 कंचनजंघा एक्सप्रेस न्यू जलपाईगुड़ी स्टेशन के लगे निजबाड़ी स्टेशन पs खड़ा रहे, तबे मालगाड़ी ओकरा के पीछे से टक्कर मार देलस।

5 लोगन के मौत

एनएफआर के कटिहार डिविजन के डिविजनल रेलवे मैनेजर बतवले कि सुबह करीब नौ बजे भइल एह दुर्घटना में पांच लोगन के मौत आ 25 लोगन के घायल होखे के प्रारंभिक खबर बा।

एह वजह से भइल हादसा

अधिकारी के अनुसार मालगाड़ी के चालक सिग्नल के अनदेखी कइलस आ कंचनजंगा ट्रेन के पिछला हिस्सा से टकरा गइल। कंचनजंगा कोच के लगे दू पार्सल वैन आ गार्ड कोच बा। हादसे के बाद एनडीआरएफ, डिवीजनल टीम आ 15 एंबुलेंस मौका पs पहुंच चुकल बा। मंत्रीयो वॉर रूम में बाड़न।

 

Tags :
Bangal train accidentBig braking newsRailwayrailway ministerRailway NewsTrain Accident
Advertisement
Next Article