टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Rahul Gandhi सिख लो पऽ अइसन का बोलले जवना पऽ मचल सियासी बवाल

04:22 PM Sep 10, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अमेरिका में राहुल गांधी के सिखन पर दिहल बयान पs बवाल मचल बा। तीन दिन के अमेरिका दौरा पs गइल राहुल भाजपा आ संघो पs हमला कइले। राहुल सिख के बारे में कुछ बात कहले जवना पs भाजपा के नेता नाराज हो गइले आ उनकर कड़ा आलोचना कइले। भाजपा कहलस कि अगर राहुल भारत में इहे बात कहले रहते तऽ नतीजा के सामना करे के पड़ित।

Advertisement

सिख पs राहुल गांधी के टिप्पणी कांग्रेस के सांसद राहुल गांधी सिख के लेके अइसन बयान देले, जवना से बवाल मच गइल बा। अमेरिका के तीन दिन के दौरा पs आवे वाला राहुल कहले कि हमनी के लड़ाई राजनीति के नइखे, बलुक एह बात पs बा कि कवनो सिख के हक मिलता कि ना।

राहुल सिख के बारे में कुछ कहले, जवना पs भाजपा के नेता नाराज हो गइले आ उनकर कड़ा आलोचना कइले।

सिखन पऽ का बयान देले?

अमेरिका के वर्जीनिया में भारतीय समुदाय के लोग से बातचीत करत राहुल गांधी कहले कि हमनी के लड़ाई इ बा कि भारत में पगरी पहिरे के अनुमति होई कि ना आ सिख लोग गुरुद्वारा जा सकऽतारे कि ना।

सबसे पहले, इ समझे के होई कि लड़ाई कवना बारे में बा। लड़ाई राजनीति के बारे में नइखे। इ सतही बा। लड़ाई एह बारे में बा कि का एगो सिख के भारत में पगड़ी पहीरे के अनुमति दीहल जाई। भा एगो सिख के भारत में कड़ा पहीरे के अनुमति दिहल जाई। भा गुरुद्वारा जाए दिहल जाई। लड़ाई एही बारे में बा आ खाली उनका खातिर नइखे, बल्कि सब धर्म खातिर बा।

भाजपा बोललस हमला 

भाजपा अमेरिका में सिख समुदाय के बारे में राहुल गांधी के टिप्पणी के कड़ा आलोचना कइलस। केंद्रीय मंत्री हरदीप सिंह पुरी कहले कि कांग्रेस के नेता विदेश में संवेदनशील मुद्दा प बोल के 'खतरनाक धारणा' पैदा करे के कोशिश करऽतारे।

Tags :
Congress PartyDesh -VideshPoltics NewsRahul gandhiRahul Gandhi Americarahul gandhi news
Advertisement
Next Article