टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सुबेरे नाश्ता में उबाल के खाई इs हरियर चना छोलिया, शरीर में भर जाई ताकत

10:24 AM Sep 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
हरा चना :फोटो
Advertisement

 

Advertisement

चना के अपना आहार के हिस्सा जरूर बनाईं। चना कवनो तरीका से खा सकेनी। भुनाइल चना, उबलल चना भा कच्चा आ हरियर चना ले खा सकेनी। हालांकि लोग कच्चा चना के सब्जी के रूप में इस्तेमाल करेला, बाकीर आप सबेरे नाश्ता में उबाल के भी खा सकतानी। कुछ लोग हरियर चना के छोलिया भी कहेला। एकर मौसम ठंडा होला बाकिर अब बरखा आ गर्मी में भी ई पावल जाला। इs चना में विटामिन, खनिज अवुरी प्रोटीन भरपूर मात्रा में होखेला। हरियर चना खइला से शरीर के पूरा पोषण मिलेला। इन्यूनिटी के मजबूत करे से लेके ब्लड शुगर के नियंत्रित करे तक इs हरियर चना बहुत बेमारी में फायदेमंद होखेला। रोज सबेरे हरियर चना खाए के फायदा जानीं।

हरियर चना में पोषक तत्व  

हरियर चना के प्लांट बेस्ड फूड मानल जाला। ई पोषक तत्वन के भंडार हवे। हरियर चना खइला से शरीर में भरपूर प्रोटीन, विटामिन ए, विटामिन सी अवुरी विटामिन ई मिलेला। ग्रीन चना में विटामिन बी-कॉम्प्लेक्स के बी 1, बी 2, बी 3 अवुरी बी 5, बी 6 भी होखेला, एकरा अलावे विटामिन के भी पावल जाला।  चना खइला से फाइबर, आयरन, फास्फोरस, सोडियम, मैग्नीशियम, पोटेशियम, सेलेनियम, कैल्शियम जईसन खनिज मिलेला। एकरा में कम कैलोरी, फैट, कार्बोहाइड्रेट, डायटरी फाइबर अवुरी फैटी एसिड पावल जाला।

नाश्ता में हरियर चना खाए के फायदा

•इम्युनिटी क्षमता बढ़ेला- हरियर चना खइला से रोग प्रतिरोधक क्षमता मजबूत होला। शरीर के मजबूत बनावे खातिर जरूरी सभ विटामिन अवुरी पोषक तत्व एकरा में पावल जाला। हरियर चना खइला से रउआ कवनो संक्रमण के खतरा से बच सकेनी।

•डायबिटीज में फायदा- हरियर चना में आहार फाइबर भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि ब्लड शुगर के स्तर के सामान्य कs सकता। टाइप 2 डायबिटीज के नियंत्रित करे में मदद करेला। हरियर चना खइला से खून में ग्लूकोज अवुरी लिपिड प्रोफाइल के नियंत्रित कईल जा सकता।

पाचन स्वस्थ रही - छोलिया यानी हरियर चना में फाइबर भरपूर होला। एकरा के खईला से पाचन तंत्र में सुधार होखेला अवुरी कब्ज के समस्या दूर हो जाला। हरियर चना खइला से पेट स्वस्थ रहेला।

आंख खातिर फायदेमंद- हरियर चना में विटामिन एs भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि आपके आंख के रोशनी के बेहतर बनावे में मदद करेला। एकरा अलावे इs तनाव से भी बचावेला। आँख के दोसरा समस्या के ठीक करे वाला विटामिन भी पावल जाला।

 

Tags :
Benefits of eating green gramDiabetesgreen gramHealthImmunity
Advertisement
Next Article