टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

BEL में निकलल ट्रेनी आ प्रोजेक्ट इंजीनियर भरती के का बा सिलेक्शन प्रोसेस? समझी पूरा प्रक्रिया

09:14 AM Nov 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
BEL में निकलल ट्रेनी आ प्रोजेक्ट इंजीनियर भरती
Advertisement

 

Advertisement

अगर रउवा नौकरी के तलाश में बानी तs इs खबर खाली रउवा खातिर बा। भारत इलेक्ट्रॉनिक्स लिमिटेड यानी बीईएल प्रशिक्षु आ परियोजना अभियंता के पद खातिर बहाली के एलान कइले बा। एह पदन पs बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया आधिकारिक वेबसाइट पs चलत बा. इच्छुक आ पात्र उम्मीदवार एह बहाली खातिर आधिकारिक वेबसाइट पs जा के आवेदन कs सकेलें. ध्यान रहे कि एह बहाली खातिर आवेदन करे के आखिरी तारीख 11 दिसंबर 2024 बा, इच्छुक उम्मीदवार के एह तारीख के भा ओकरा से पहिले आवेदन करे के चाहीं.

अब सवाल उठत बा कि एह बहाली के चयन प्रक्रिया का बा? तs आज हमनी के एह खबर के माध्यम से रउआ सभे के एह जानकारी से अवगत करावत बानी जा।

सिलेक्शन प्रोसेस का बा? 

एह बहाली में चयनित होखे खातिर पहिले अभ्यर्थियन के लिखित परीक्षा में सफल होखे के पड़ी. लिखित परीक्षा में सफल होखे वाला सगरी परीक्षार्थियन के साक्षात्कार खातिर बोलावल जाई. एकरा बाद लिखित परीक्षा अवुरी साक्षात्कार के आधार पs अंतिम सूची तैयार कईल जाई।

एलिजिबिलिटी क्राइटेरिया का बा? 

उम्मीदवार नीचे बतावल बिन्दु के माध्यम से एह बहाली के एलिजिबिलिटी क्राइटेरिया के समझ सकेले।

उम्मीदवार के कंप्यूटर साइंस में बीई/बीटेक/बीएससी चार साल के इंजीनियरिंग के डिग्री होखे के चाही। प्रोजेक्ट इंजीनियर पद खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवार के भी 2 साल के अनुभव होखे के चाही। जबकि, प्रशिक्षु इंजीनियर के अनुभव होखल जरूरी नईखे।

ट्रेनी इंजीनियर खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के उमिर 28 साल होखे के चाहीं. जबकि प्रोजेक्ट इंजीनियर के पद खातिर उम्र सीमा 32 साल बा।

आवेदन शुल्क

एह बहाली खातिर आवेदन करे वाला उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क देबे के पड़ी. अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, पीडब्ल्यूडी के छोड़ के बाकी सभ उम्मीदवार के ट्रेनी इंजीनियर खातीर 177 रुपया अवुरी प्रोजेक्ट इंजीनियर खातीर 400 रुपया के आवेदन शुल्क देवे के होई। जबकि अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, पीडब्ल्यूडी के उम्मीदवारन के कवनो आवेदन शुल्क ना देबे के पड़ी.

 

 

 

 

Tags :
BELJobRecruitmentएजुकेशन न्यूज़ट्रेनिंग इंजीनियरप्रोजेक्ट इंजीनियर
Advertisement
Next Article