टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राजनीति में सबसे खराब बात का बा, जानीं ओडिशा के सीएम का बतवले?

06:24 PM Mar 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

ओडिशा : राजनीति में केहु कब पलट जाई, इs नईखे कहल जा सकत। भारत में होखे वाला आम चुनाव के देखत तमाम राजनीतिक दल में अराजकता मचल बा।एही बीच ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के एगो वीडियो सामने आईल बा, जवना में उ राजनीति के बारे में बहुत कुछ कहत देखाई देतारे। जानीं कि पूरा बात का बा....

Advertisement

भाजद नेता कार्तिक पांडियन अपना इंस्टाग्राम साइट पs एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े। 13 सेकंड के ई वीडियो राजनीतिक गलियारा में हलचल मचवले बा।वीडियो में बीजद के कार्तिक पांडियन ओडिशा के सीएम नवीन पटनायक से बतियावत देखाई देतारे, जवना में पंडियन पटनायक से ओडिया भाषा में पूछतारे सर, राजनीति में सबसे खराब बात का बा? एह पs नवीन पटनायक जवाब देत बाड़न कि अफवाह आ झूठ ​​राजनीति में सबले खराब चीज होला।

इहे कारण बतावल जात बा

राजनीति में अफवाह अवुरी झूठ के सबसे खराब बात कहे के पीछे के कारण इs बा कि भाजपा अवुरी बीजद के फेर से गठबंधन हो सकता, अयीसन बात सोझा आवत रहे, लेकिन अयीसन कुछूओ ना भईल। भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मनमोहन सामल एलान कइले बाड़न कि ओडिशा के सगरी सीट पs भाजपा अकेले चुनाव लड़ी।

वीडियो पs भाजपा का कहलस?

इs वीडियो इंटरनेट पs फैलला के बाद भारतीय जनता पार्टी ओडिशा के प्रदेश अध्यक्ष मनमोहन सामल गठबंधन के कवनो बात से इनकार करत कहले बाड़े कि भाजपा अकेले चुनाव लड़ के ओडिशा में अकेले सरकार बनाई। भाजपा के ना तs बीजद से गठबंधन करे के कवनो इरादा रहे ना बा। एह विषय पs केहू से कवनो बातचीत नइखे भइल।

 

 

Tags :
B J PBharatiya Janata PartyBiju Janata DalGeneral Election 2024Odisha Assembly Election 2024OrissaState Politicsआम चुनाव 2024उड़ीसाओडिशा विधानसभा चुनाव 2024बीजू जनता दलभाजपाभारतीय जनता पार्टीराज्य की राजनीति
Advertisement
Next Article