For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'जनता के तऽ औक़ाते का बा...,' राम मंदिर के पुजारी के दावा पऽ खिसिअइलें बॉलीवुड एक्टर, कहलें- भगवान के साथ ठगी

02:11 PM Jun 26, 2024 IST | Sonu Kishor
 जनता के तऽ औक़ाते का बा      राम मंदिर के पुजारी के दावा पऽ खिसिअइलें बॉलीवुड एक्टर  कहलें  भगवान के साथ ठगी
Advertisement

22 जनवरी के राम मंदिर के उद्घाटन भइल रहें। अबही राम मंदिर के उद्घाटन के छव महीनो नइखे भइल कि पहिला बारिश में राम मंदिर के छत चुवे लागल। अब एपर कमाल राशिद खान आपन प्रतिक्रिया देलें।

Advertisement

श्रीराम जन्मभूमि मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास राम मंदिर के निर्माण कार्य के लेके बड़ दावा कइलें बाड़न। पहिलके बारिश में छत से पानी चुवे लागल के बात कहले बाड़न। राम मंदिर के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येंद्र दास बतवलें कि पहिलके बारिश में छत से पानी टपके लागल।

गर्भगृह में जहां रामलला विराजमान बाड़न, उहाँ जलभराव हो गइल बा। उऽ कहले कि जदि एक- दु दिन में इंतजाम ना कइल गइल, तऽ दर्शन स पूजा बंद करे के पड़ी। ओहिजा पुजारी के दावा पs सोशल मीडिया पर लोगन के रिएक्शन आवल शुरू हो गइल बा। बॉलीवुड एक्टर कमाल राशिद खान आ लोक गायिका नेहा सिंह राठौर एह मुद्दा पs आपन प्रतिक्रिया देले बा लो।

कमाल राशिद खान का कहलें

बॉलीवुड एक्टर आ फिल्म क्रिटिक्स कमाल राशिद खान एक्स पs लिखले कि ' ई पुजारी 100% झूठ बोल रहल बाड़े। राम राज्य में कवनो हिंदू राम जी के मंदिर के साथे भ्रष्टाचार नइखे कर सकत। ठेकेदार स्तरीय निर्माण के साथे मंदिर के निर्माण करवले बाड़न। अगिला 1000 साल तक कवनो बरखा एह मंदिर के नुकसान नइखे पहुंचा सकत।'

ओहिजा केआरके अपना अगिला ट्वीट में लिखले कि

'जब ई लोग राम जी के धोखा दे सकऽता! रामजी के ठग सकऽता! राम जी के घर के बनावे में घोटाला कर सकऽता! तऽ फिर बेचारी जनता के औक़ाते का बा!'

नेहा सिंह राठौरो कइली ट्वीट

नेहा सिंह राठौर अपना एक्स अकाउंट पs पोस्ट करत लिखली कि ' इ ख़बर बेहद खराब बा। मन दुःखी हो बा। भगवानो को ना छोड़ल..! जेकरा नांव पs सरकार बनल ओकरे घर में सेंध मार देले..! अबहिंयो रउआ ई लोग ईमानदार लागऽता? अपना दिमाग़ के इलाज करवाईं।

Tags :
Advertisement