For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

WhatsApp यूजर्स के मिली Instagram जइसन फीचर, स्टेटस लगावे वालन के आ जाई मजा

12:57 PM Oct 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
whatsapp यूजर्स के मिली instagram जइसन फीचर  स्टेटस लगावे वालन के आ जाई मजा
Advertisement

Whatsapp के ओर से एगो नया अपग्रेड पेश कइल गइल बा। संगही वॉट्सऐप के ओर से स्टेटस अपडेट खातिर नया प्राइवेट टैगिंग फीचर लॉन्च कइल गइल बा। कंपनी नया फीचर के रोलआउट कइल शुरू कs देले बिया, जवना के जल्दिये वर्ल्डवाइड यूजर खातिर उपलब्ध करावल जा सकत बा।

Advertisement

वॉट्सऐप यूजर्स के मिली नया फीचर

ई नया फीचर यूजर के प्राइवेट तरीका से स्टेट्स अपडेट में कॉन्टैक्ट टैगिंग के इजाजत देला। संगही स्टेटस के लाइक कइला के संगही दोबारा से शेयर करे के इजाजत देला। एकरा अलावे वॉट्सऐप स्टेटस अपडेट में लोगन आ लोकेशन के मेंशन कs पावल जाई।

स्टेट्स लाइक आ शेयर के मिली ऑप्शन

वॉट्सऐप ब्लॉग पोस्ट के मोताबिक नया अपडेट के बाद यूजर्स अपना क्लोजेस्ट लोगन के टैग कs पाई लो। संगही लोकेशन के ट्रैक कs पाई लो। वॉट्सऐप यूजर्स टैगिंग के अलावे, स्टेटस 'लाइक' कइला के संगही एगो नया फीचर पेस कइल गइल बा, जवन यूजर्स के केहूआ के ई बतावे के इजाजत देत बा कि रउआ ओकरा स्टेटस के आनंद ले रहल बा। लाइक बटन पs एगो टैप से यूजर्स अपना कॉन्टैक्ट स्टेटस अपडेट के लाइक कs सकी लो।

स्टेट्स में लोगन के कइल जा सकी टैग

टैगिंग के तरही, लाइक निजी होई आ कवनो काउंटर ना होई, जवना के मतलब बा कि खाली उहे व्यक्ति जेकर स्टेटस रउआ पसंद आइल बा, ऊ ओकरा के दर्शकन के सूची में देख सकी। अगिला कुछ महीनन में स्टेटस आ अपडेट टैब में जादे सुविधा मिली। एसे ओह लोगन के करीब रहल आसान हो जाई, जे सबसे जादे मायना रखत बा।

फेमस हस्तियन के आवाज के मिली सपोर्ट

अइसन दावा कइल जा रहल बा कि जल्दिये मेटा एआई वॉयस मोड फीचर लॉन्च कइल जा सकत बा। एह अपडेट से वॉइस मॉड्यूल्यूशन आ आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के संगे दु-तरफा आवाज संचार के सुविधा मिलत बा। नया अपडेट से यूजर्स अपना विचारन के पता लगावल, अपना चैट के बढ़ावे आ नया चीजन के आजमावल आसान हो जाई। संगही रिपोर्टन से पता चलत बा कि मेटा फेमस हस्तियन के आवाज के सामिल कs सकत बा।

Tags :
Advertisement