टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चालान कटते आई वॉट्सऐप मैसेज, बस एगो क्लिक पऽ होखी जुर्माने के भुगतान

12:24 PM Oct 27, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

दिल्ली सरकार ट्रैफिक चालान के भुगतान के सरल बनावे खातिर एगो नया सिस्टम शुरू कर रहल बिया। अब गाड़ी मालिक सीधा व्हाट्सएप के माध्यम से चालान के भुगतान कऽ सकेले।

Advertisement

राष्ट्रीय राजधानी में यातायात नियम के उल्लंघन के चलते चालान दाखिल करे के प्रक्रिया अब ऑनलाइन खरीदारी नियन आसान हो जाई। दिल्ली सरकार वाहन मालिकन के व्हाट्सएप आ एपीआई के माध्यम से चालान के भुगतान करे के सुविधा दिही। एह नया सिस्टम के तहत व्हाट्सएप के माध्यम से उल्लंघन करेवाला के चालान के डिटेल आ जुर्माना राशि के मैसेज भेजल जाई। संदेश में दिहल भुगतान विकल्प पs क्लिक कइला पs उपयोगकर्ता सीधा भुगतान गेटवे पs पहुंच जाई, जहां भीम यूपीआई समेत अलग-अलग विकल्प के माध्यम से चालान के भुगतान कइल जा सकऽता।

दिल्ली सरकार अब चालान के स्मार्ट पेमेंट के सिस्टम बनावे खातिर सेवा प्रदाता के चयन खातिर निविदा जारी कइले बिया। एह निविदा के 30 अक्टूबर ले भरल जा सकेला जबकि ऑनलाइन प्री-बिड मीटिंग 1 नवंबर के होखी। निविदा के मुताबिक नया सिस्टम में हिंदी आ अंग्रेजी दुनो भाषा में संदेश भेजल जाई। एमें ट्रैफिक नियम के उल्लंघन करे वालन के संदेश चित्र, पीडीएफ, आ वीडियो जइसन तरह तरह के मीडिया फॉर्मेट में मिल जाई।

भुगतान ऑनलाइन कइल जाई

एह नया सुविधा में गूगल पे आ फोनपे आदि जइसन यूपीआई ऐप भी जोड़ल जाई। जदी अइसन भइल तs लोग चालान के पईसा अउरी आसानी से दे पइहें। चालान के भुगतान के बाद हर नया चालान पs यूजर के पुश नोटिफिकेशन मिल जाई। शुरू में ई सुविधा सिर्फ परिवहन से जुड़ल चालान पs लागू होई। चुकी व्हाट्सएप में पुश मैसेज फीचर बा एहसे ई लोग के नियमित रूप से चालान के याद दिही, ठीक ओसही जइसे बैंक चाहे अउरी कंपनी बकाया रकम के याद दिलावत करेले।

वर्तमान में ट्रैफिक चालान के भुगतान सरकार के परिवहन ई चालन वेबसाइट के माध्यम से कइल जाला। अधिकारी के मुताबिक, बहुत गाड़ी मालिक के हफ्ता भर से चालान के एसएमएस नोटिफिकेशन ना मिलेला। नया सिस्टम के शुरूआत से ई समस्या खतम हो जाई।

 रोजाना 1000-1500 चालन जारी होला

दिल्ली में 82 लाख से अधिका गाड़ी बा। रोजाना लगभग 1,000-1,500 ई-चालन जारी होला। दिल्ली सरकार के एआई आधारित ट्रैफिक उल्लंघन बुकिंग सिस्टम शुरू कइला के बाद ई संख्या बढ़ सकऽता। अब परिवहन विभाग के मौजूदा वेब पोर्टल सिस्टम में व्हाट्सएप के इस्तेमाल के जोड़े के योजना बा, काहेंकी अब व्हाट्सएप सबसे आम संचार माध्यम बन गइल बा। जदी कवनो यूजर के व्हाट्सएप रजिस्टर्ड ना होखे तऽ चालान एसएमएस आ रजिस्टर्ड ईमेल के माध्यम से भेजल जाई।

Tags :
Delhi PoliceDelhi TrafficDelhi Traffic Policekhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsTraffic Chalan
Advertisement
Next Article