टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

WhatsApp वेरिफिकेशन चेकमार्क के लेके कइलस बड़ बदलाव, हरियर ना; बुलू हो गइल बा अब रंग

10:54 AM Aug 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मेटा के पॉपुलर चैटिंग ऐप वॉट्सऐप प्लेटफॉर्म पs यूजर्स के एक्सपीरियंस बेहतर बनावे खातिर लगातार नया बदलाव करत रहेला। एही कड़ी में अब राउर वॉट्सऐप के इंटरफेस में एगो नया बदलाव नजर आई। दरअसल, कंपनी अबकी बेर अपना वेरिफिकेशन सिस्टम के लेके अपडेट जारी कइले बिया। वॉट्सऐप पs अब वेरिफाइड अकाउंट के ग्रीन ना, बलूक ब्लू बैज के संगे देखल जा रहल बा। बता दीं, वॉट्सऐप से पहिले मेटा के दूसरका प्लेटफॉर्म जइसे इंस्टाग्राम आ फेसबुक पs कंपनी वेरिफाइड अकाउंट के पहिलही से ब्लू बैज के संगे देखावेला, बाकिर वॉट्सऐप के ग्रीन इंटरफेस में वेरिफिकेशन बैजो ग्रीन दिहल जात रहे।

Advertisement

वॉट्सऐप पs वेरिफिकेशन बैज के बदल गइल रंग

वॉट्सऐप पs एह बदलाव के लेके सबसे पहिले जानकारी वॉट्सऐप पs अपडेट जारी करे वाली वेबसाइट WABetaInfo देले रहे।

अब एह बदलाव के वॉट्सऐप यूजर अपना फोन में ऐप के ओपन कs के देख सकत बा लो। वॉट्सऐप पs सब वेरिफाइड चैनल के अब ब्लू बैज के संगे देखल जा रहल बा। मेटा के ओर से अइसन सब प्लेटफॉर्म के एक जइसन विजुअल आडेंटिटी बरकरार रखे खातिर कइल गइल बा।

वॉट्सऐप पs ब्लू चेकमार्क के का बा माने

वॉट्सऐप पs कवनो यूजर के अकाउंट भा चैनल पs ब्लू चेकमार्क देखल जा सकत बा। ई ब्लू चेकमार्क एह बात के पुख्ता करत बाकि ब्लू चेकमार्क वाला अकाउंट वेरिफाइड आ ऑथेंटिक बा।

एह चेकमार्क के वेरिफाइड बिजनेस अकाउंट के संगे देखल जा सकत बा।  वॉट्सऐप पs एह बैज के संगे यूजर के सिक्योरिटियो पक्की होला। चेकमार्क के संगे एगो वॉट्सऐप यूजर ऑरिजनल आ फेक अकाउंट में फरक कs सकत बा।

Tags :
Bhojpuri NewsNow Blue Check MarkTech NewsWhatsApp Verification Check Mark
Advertisement
Next Article