For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

WhatsApp यूजर्स के मस्ती, नया डिजाइन के परीक्षण शुरू हो गइल, फीचर के इस्तेमाल कइल आसान होई

09:10 AM Apr 16, 2024 IST | Raj Nandani
whatsapp यूजर्स के मस्ती  नया डिजाइन के परीक्षण शुरू हो गइल  फीचर के इस्तेमाल कइल आसान होई
Advertisement

व्हाट्सएप यूजर्स के जल्दिए नया यूजर इंटरफेस मिले वाला बा। मेटा अपना लाखों यूजर खातिर नया यूजर इंटरफेस के परीक्षण कर रहल बा। फिलहाल इ फीचर बीटा वर्जन में देखाई देता।

Advertisement

व्हाट्सएप के डिजाइन पूरा तरीका से बदले वाला बा। करोड़ों यूजर के व्हाट्सएप के नयका डिजाइन के टेस्टिंग शुरू हो गइल बा। कुछ बीटा यूजर के एह नया डिजाइन तक पहुंच मिल गइल बा। परीक्षण के बाद ई डिजाइन सभ प्रयोगकर्ता लोग के जारी कइल जा सके ला। व्हाट्सएप के नयका डिजाइन में यूजर के साइडबार के विकल्प मिली, जवना के माध्यम से यूजर ए ऐप के बहुत फीचर के आसानी से नेविगेट क सकेले। नया डिजाइन में यूजर के चैट, स्टेटस अपडेट, कम्युनिटी चैनल स्टेटस टैब तक पहुंचल आसान हो जाई।

WABetaInfo व्हाट्सएप के ए नाया साइडबार फीचर के बारे में जानकारी साझा कइले बिया। इ फीचर व्हाट्सएप वेब के बीटा वर्जन में देखल गइल बा। साइडबार फीचर व्हाट्सएप के वेब वर्जन में देखल जा सकता, जवना में चैटिंग, स्टेटस, कम्युनिटी चैनल आदि के आइकन देखल जा सकता। साइडबार में इ सभ टैब दिहला के बाद उपयोगकर्ता के नेविगेट कइल आसान हो जाई।

एकरा से पहिले व्हाट्सएप के यूआई चाहे यूजर इंटरफेस में भइल बदलाव के जानकारी भी सामने आइल रहे। व्हाट्सएप के वेब वर्जन में यूजर के मोबाइल वर्जन के यूआई निहन कवनो फीचर के नेविगेट कइल आसान होई। हालांकि इ कहल बहुत मुश्किल बा कि इ अपडेट स्थिर संस्करण में आई कि ना।

 नोट्स फीचर पर भी काम हो रहल बा

व्हाट्सएप वेब खातिर एगो नया नोट्स फीचर पर भी काम चल रहल बा। एह फीचर के मदद से उपयोगकर्ता संपर्क में नोट आसानी से संलग्न क सकेले। इ फीचर एंड्रॉयड वर्जन 2.24.9.12 अपडेट में देखल गइल बा। जदी यूजर अपना कवनो संपर्क के बारे में कवनो जानकारी जोड़ल चाहत बाड़े त संपर्क जानकारी में नोट जोड़ला के विकल्प मिल जाई। व्हाट्सएप खास तौर प बिजनेस पोर्टफोलियो वाला यूजर खाती ए फीचर के टेस्ट करतिया।

एकरा अलावा व्हाट्सएप यूजर खातीर क्रॉस प्लेटफॉर्म स्टेटस शेयरिंग फीचर प भी काम कइल जाता। अब यूजर इंस्टाग्राम आ फेसबुक प भी आपन व्हाट्सएप स्टेटस शेयर क सकतारे।

Tags :
Advertisement