For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

WhatsApp Update: आ रहल बा सानदार अपडेट, नंबर सेव करे खातिर ना होई मोबाइल के जरूरत

01:06 PM Oct 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
whatsapp update  आ रहल बा सानदार अपडेट  नंबर सेव करे खातिर ना होई मोबाइल के जरूरत
WhatsApp
Advertisement

WhatsApp में फोन नंबर सेव कइल सुरूए से एगो बड़ टास्क रहल बा। सबसे जादे दिक्कत वेब वर्जन पs फोन नंबर सेव करे में होला। आमतौर पs जदि WhatsApp के वेब वर्जन रउआ इस्तेमाल कs रहल बानी आ ओह दौरान केहू कॉन्टेक्ट नंबर भेजेला तs फोन से ओकरा के सेव करे के होला बाकिर नया अपडेट के बाद अइसन ना होई।

Advertisement

WhatsApp एगो नया फीचर के घोषणा कइले बा कि जवना के अइला के बाद रउआ WhatsApp के वेब वर्जन पs फोन नंबर सेव कs सकेम। WhatsApp एकर जानकारी अपना ब्लॉग में देले बा। नया फीचर वेब, विंडोज आ लिंक्ड डिवाइस खातिर आई।

एगो ब्लॉग पोस्ट में WhatsApp बतवलस कि अभी ले संपर्क जोड़े के एकमात्र तरीका ओकरा प्राथमिक डिवाइस पs सेव कइल भा QR कोड स्कैन कइल रहे। आवे वाला फीचर्स के संगे यूजर्स कवनो डिवाइस से अइसन करे में सक्षम होई। ई बदलाव सबसे पहिले WhatsApp Web आ Windows पs पेश कइल जाई आ बाद में आउर लिंक कइल गइल डिवाइसेस पs उपलब्ध होई।

यूजर्स के लगे ई विकल्प मिली कि ऊ कवनो विशेष कॉन्टेक्ट नंबर के खाली WhatsApp पs सेव कइल चाहत बा भा ओकरा के स्मार्टफोन में सिंक कइल चाहत बा। ई फीचर एगो नया एन्क्रिप्टेड स्टोरेज सिस्टम के इस्तेमाल करेला जवना के Identity Proof Linked Storage (IPLS) कहल जाला, जवन Key Transparency आ WhatsApp के Hardware Security Module (HSM) टेक्नोलॉजी के इस्तेमाल करेला।

एकर बड़ फायदा ई होई कि WhatsApp पs सेव कइल गइल कॉन्टेक्ट्स के यूजर्स के फोन खो गइला भा डिवाइस बदलला के इस्थिति में दोबारा प्राप्त कइल जा सकत बा। एकरा अलावे यूजर्स अपना व्यक्तिगत आ ऑफिस WhatsApp अकाउंट्स खातिर अलग-अलग कॉन्टेक्ट लिस्ट बनल भा कस्टमाइजो कs सकत बा।

Tags :
Advertisement