For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लीबिया के सिर्ते शहर में जमीन खोदल गइल तs निकले लागल लाश, कुल 24 अज्ञात शव बरामद होले से मचल हड़कंप

02:46 PM Jul 17, 2024 IST | Minee Upadhyay
लीबिया के सिर्ते शहर में जमीन खोदल गइल तs निकले लागल लाश  कुल 24 अज्ञात शव बरामद होले से मचल हड़कंप
Advertisement

Advertisement

लीबिया के सिर्ते शहर में प्रशासन घबराहट में रह गइल जब एक जगह खोदला के दौरान लाश मिलल. लीबिया के अधिकारियन के सिर्ते शहर में अइसने एगो सामूहिक कब्र मिलल बा जवना में 24 गो अज्ञात लाश बरामद भइल बा. एह शहर पs कबो ‘इस्लामिक स्टेट’ समूह यानी आईएसआईएस के आतंकियन के कब्जा रहे। लीबिया के एगो सरकारी एजेंसी ई जानकारी दिहले बिया. लापता लोग के तलाशी अवुरी पहचान करे में काम करेवाला राष्ट्रीय एजेंसी के कर्मचारी के एs लाश के पता चलल बा।

एजेंसी के कहनाम बा कि, ओकरा टीम के राजधानी त्रिपोली से करीब 450 किलोमीटर पूरब में सिर्ते शहर में 24 लाश मिलल बा, जवना में से 17 लाश तबाह इमारत के नीचे से बरामद भईल बा। ई सामूहिक कब्र कब भइल एह बारे में कवनो विवरण नइखे दिहल गइल. सिर्ते के कई साल ले आईएस के कब्जा में रहल आ एकरे बाद दिसंबर 2016 में अमेरिका समर्थित सेना आतंकियन के सत्ता से बेदखल कs दिहलस।

आईएसआईएस साल 2011 से लीबिया में भइल अशांति के फायदा उठावत बा

ई आतंकी समूह साल 2011 के विद्रोह के बाद लीबिया में भइल अशांति के फायदा उठवलस. लीबिया के अधिकारी सोमार के के दिने बतवले कि फोरेंसिक विशेषज्ञ कुल 59 गो अज्ञात लाश के डीएनए नमूना जांच खातिर ले लिहले बाड़े. जवना लाश के नमूना लिहल गइल बा ओहमें सिर्ते से बरामद 24 गो लाश शामिल बा कि ना, ई साफ नइखे भइल. एह लाशन के शहर के एगो कब्रिस्तान में दफना दिहल गइल बा.

Tags :
Advertisement