टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जदी रउरा चिलचिलाती गर्मी में राहत चाहीं तs गोरखपुर के एह जगहन से लस्सी के आजमाईं; दाम भी कम बा

12:48 PM May 29, 2024 IST | Raj Nandani
Young Indian woman drinking a delicious lassi in the Pink City of Jaipur, India. Lassi is traditional yogurt–based drink - a blend of yogurt, water, spices, and sometimes fruit.
Advertisement

 गोरखपुर के टॉप लस्सी के दोकान : एह तपत गर्मी में हम गोरखपुर के अइसन पांच गो दोकान के बारे में बतावे जा रहल बानी, जहाँ से बेहतरीन लस्सी मिली। गर्मी के दिन में रउवा इनकरा हीया के लस्सी पीये में बहुत मजा आई। कुछ जगहा रबड़ी में लस्सी होला तs कुछ जगह रबड़ी से लस्सी बनावल जाला। एह सब के दाम 50 रुपया बा।

Advertisement

गोरखपुर के असुरन चौक पs पहुंचला के बाद उहाँ लस्सी के दोकान देखाई दिही। एकरा के लाले भाई के लस्सी के नाम से जानल जाला। उनकर दोकान पर सबेरे दस बजे से रात नौ बजे तक भीड़ लागल रहेला। लस्सी के गुण अइसन बा कि लस्सी पीये खातिर ना खाए खातिर तइयार होला। एक गिलास लस्सी के दाम 50 रुपया बा आ एकरा ऊपर राबड़ी आ क्रीम डालल जाला।

गोरखपुर के बकशीपुर चौराहा पs पहुंचला के बाद दीपक भाई के लस्सी के दोकान देखाई दिही। दीपक भाई के इहां दही, मलाई आ रबरी मिला के लस्सी बनावल जाला। लोग राबड़ी मलाई ला पागल रहेला। एक गिलास लस्सी के दाम 40 रुपया बा। दोकान में आईल ग्राहक अमित के कहनाम बा कि इनकर रबड़ी लस्सी एतना अद्भुत बा आ स्वाद एतना गजब के बा कि ऊ पछिला 10 साल से इहाँ आवत बाड़े।

जदी रऊवा भी गोरखपुर शहर में फल लस्सी के आनंद लेवे के बा तs शहर के शास्त्री चौक पर स्थित अमृत्सरी कुलचे चोले के दुकान पर जाए के पड़ी। इहाँ मिक्सफ्रूट लस्सी आ ड्राई फ्रूट लस्सी बनावल जाला। एक लस्सी के दाम 50 रुपया बा। दोकान में आइल ग्राहक सुमित के कहनाम बा कि इनकर ड्राई फ्रूट लस्सी के स्वाद बहुत बढ़िया बा। ग्राहक के सोझा खुद दोकान में ही तैयार कइल जाला।

जदी रउरा गोरखपुर के स्वादिष्ट पेडा आ लस्सी के स्वाद लेबे के बा तs बरगदवा चौराहा पर बुढ़ऊ चाचा के दोकान पर जरूर जाईं । इहाँ रउवा के 50 रुपया में लस्सी आ अद्भुत पेडा मिली। इ सब ग्राहक के सोझा तैयार कइल जाला। ई काम 40, 50 साल से बेहद साफ-सफाई के साथ चल रहल बा।

Tags :
#उत्तर प्रदेश #गोरखपुर #जिलाधिकारी #निर्देश #एनजीटी #अतिक्रमण | #uttar pradesh #NGT | #District Magistrate #GorakhpurBhojpuri khabarFoodgorakhpur newsGorakhpur news bhojpuriKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news speciallassisummer special
Advertisement
Next Article