टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जहां गऊ मां के खून...' वायनाड आपदा पs भाजपा नेता ई का कह देले..CPI देलख जवाबी हमला

01:49 PM Aug 04, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

वायनाड भूस्खलन : भाजपा के विधायक रहल ज्ञान देव आहूजा एक बेर फेरु अइसन बयान दिहले बाड़न जवना से विवाद मच गइल बा। शनिचर के दिने ऊ वायनाड के भूस्खलन के केरल में गाय वध से जोड़ दिहलन। ऊ चेतवले कि, जदी गाय के वध ना रोकल गइल तs केरल में अइसन त्रासदी होखत रही।

Advertisement

भाजपा के विधायक रहल ज्ञान देव आहूजा शनिचर के दिने विवाद के मैदान में उतरलन जब ऊ वायनाड में भइल भूस्खलन के केरल में गाय वध के प्रथा से जोड़ दिहलन। राजस्थान के विधायक रहल बतवले कि जवना इलाका में गाय वध के प्रचलन बा ओहिजा अइसन आपदा जारी रही।

भाजपा के वरिष्ठ नेता दावा कइले कि, 2018 से हमनी के एगो अइसन पैटर्न देखाई देता, जवना में गाय वध से जुड़ल इलाका में अइसन दुखद घटना होखता। ऊ आगे चेतवले कि, “गाय वध ना रोकल गइल तs केरल में भी अयीसने त्रासदी होखत रही।”

भाकपा महासचिव के जवाबी हमला

ऊ कहले कि उत्तराखंड आ हिमाचल प्रदेश जईसन राज्य में भी बादल फटला आ भूस्खलन जइसन प्राकृतिक आपदा होखत रहेला, बाकी तबाही के स्तर वायनाड नियन गंभीर नइखे। भाजपा नेता ज्ञानदेव आहूजा के ए टिप्पणी के जवाब देत भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी के महासचिव डी राजा कहले कि भाजपा पूरा त्रासदी के 'साम्प्रदायिक' बनावे के कोशिश करतिया।

डी राजा आगे कहले कि एगो त्रासदी भइल बा आ लोग परेशानी होखता। हमनी के आ अउरी कई गो पार्टी लोग के मदद करे में लागल बानी जा – आर्थिक रूप से, राहत के सामान आ आश्रय के साथ। लोग के खाना, आवास आ दवाई के जरूरत बा। ऊ कहले कि, भाजपा पूरा स्थिति के सांप्रदायिक बनावे के कोशिश करतिया।”

Tags :
BjpCPIGyandev AhujaKeralaKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri NewsWayanad landslide
Advertisement
Next Article