For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सबेरे-सबेरे: डायबिटीज में फायदेमंद होला ई बीज

05:32 AM May 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
सबेरे सबेरे  डायबिटीज में फायदेमंद होला ई बीज
Advertisement

Advertisement

डायबिटीज एगो अइसन बेमारी हs जवन केहू के भी आपन शिकार बना सकेला। एह बेमारी के कवनो इलाज नइखे बाकिर दवाई आ जीवनशैली में कुछ बदलाव कs के एकरा के काबू में राखल जा सकेला. ई बेमारी कुछ समय से दुनिया भर में लाखों लोग के प्रभावित कs रहल बा। भारत में डायबिटीज के मरीज बहुत तेजी से बढ़ रहल बाड़े। अयीसना में कुछ बीज के अपना खानपान में शामिल करीं। एह बीज के आहार में शामिल कईला से डायबिटीज के बहुत हद ले नियंत्रित कईल जा सकता।

बीज डायबिटीज के नियंत्रित करे में मदद करेला

•अलसी के बीज- अलसी के बीज में फाइबर, ओमेगा 3 फैटी अवुरी प्रोटीन जईसन तत्व होखेला। जवन कि आपके ब्लड शुगर के स्तर के नियंत्रित करे में मदद कs सकता। असली बीज दिल खातिर फायदेमंद होला। एकरा के खइला से पाचन में भी सुधार होला आ डायबिटीज में भी फायदेमंद होला।

•सूरजमुखी के बीज- एकरा में मैग्नीशियम अवुरी विटामिन ई जईसन तत्व होखेला, जवन कि इंसुलिन के संवेदनशीलता के समर्थन करेला अवुरी डायबिटीज के खतरा के कम कs सकता। टाइप 2 डायबिटीज में सूरजमुखी के बीज बहुत फायदेमंद साबित होखेला।

•कद्दू के बीज- दिमाग के स्वस्थ राखे, दिल के स्वस्थ राखे अवुरी डायबिटीज के नियंत्रित करे खातीर कद्दू के बीज खाए के चाही। कद्दू के बीज में मैग्नीशियम, एंटीऑक्सीडेंट अवुरी ओमेगा-3 भरपूर मात्रा में होखेला जवन कि आपके शुगर के स्तर के नियंत्रित करे में मदद करेला। एकरा अलावे इs तत्व तनाव के कम करे में भी मदद करेला।

•तिल के बीज- प्रोटीन, हेल्दी फैट, विटामिन,खनिज अवुरी मैक्रोन्यूट्रिएंट से भरपूर तिल खईला से पाचन में सुधार होखेला। तिल खईला से ब्लड शुगर के नियंत्रित करे में भी मदद मिलेला। गर्मी में तिल के सलाद पs छिड़क के सेवन कs सकतानी। जाड़ा में तिल आ गुड़ से बनल गजक भी खा सकेनी, बाकीर सीमित मात्रा में। तिल के भुन के सलाद में मिला के भी खा सकत बानी।

Tags :
Advertisement