टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

WHO कोरोना के नउका सब वैरिएंट JN.1 के 'वैरिएंट ऑफ इंटरेस्ट' में कइलस शामिल, खतरा के लेके देहलस इs जानकारी

12:37 PM Dec 20, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

कोरोना के नउका सब वैरिएंट JN.1 के संक्रमण भारत में दस्तक दे देहले बा। खासतौर से केरल में एकर मामिला बढ़ले के बाद केंद्र के ओर से राज्यन के एडवाइजरी जारी कइल ग‌इल । ए बी‌चे विश्व स्वास्थ्य संगठन (WHO) कोरोना के ए न‌उका सब वैरिएंट के 'वैरिएंट ऑफ इंटरेस्ट' वर्गीकृत क‌इल ग‌इल। विश्व स्वास्थ्य संगठन एकरी खतरा के लेके जोन नया जानकारी बा ओकरा मुताबिक इs वैरिएंट से पब्लिक हेल्थ के जादा खतरा नइखे।

Advertisement

खतरा कम, मौजूदा वैक्सीन कारगर

विश्व स्वास्थ्य संगठन ब‌त‌वलस अब ले जोन एविडेंस सामने आइल ‌बा एकरी मुताबिक JN.1 के संक्रमण से पब्लिक हेल्थ के कम जोखिम बा। JN.1 के पहिले एकरा मूल वंश BA.2.86 के एगो हिस्सा कs रूप में वर्गीकृत क‌इल ग‌इल रहे। अब ज‌इसे-ज‌इसे जाड़ा बढ़त बा, भारत में एकर फ‌इले के खतरा बढ़ ग‌इल बा। विश्व स्वास्थ्य संगठन कहलस की मौजूदा वैक्सीन JN.1 आ कोविड-19 के अन्य वैरिएंट से होखेवाला गंभीर खतरा से जीवन के बचावे में कारगर बा।

WHO जारी क‌इलस एडवाइजरी

विश्व स्वास्थ्य संगठन लगातार एह मामिला के निगरानी रखत बा आ लोगन के खातीर एडवाइजरी भी जारी भ‌इल बा। एह एडवाइजरी में लोगन से अपील क‌इल ग‌इल बा की भीड़-भाड़ वाला जगहन पs ज‌इले से बची, मास्क कs इस्तेमाल करीं, सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करीं, पहिले के खान सजू लोग गरम पानी पी।

 

 

Tags :
Corona CrisisCoronavirusCovid 19 Indiavariant of interestवैरिएंट JN.1वैरिएंट ऑफ इंटरेस्ट
Advertisement
Next Article