टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Sheikh Hasina के भारत में अरेस्ट करे के मांग के कर रहल बा?

02:07 PM Aug 08, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

Bangladesh भारत से पूर्व प्रधान मंत्री Sheikh Hasina आ उनकर बहिन शेख रेहाना के गिरफ्तार करे के मांग कइले बा।

Advertisement

बांग्लादेश के बिगड़त हालात के बाद इस्तीफा दे के भारत आइल शेख हसीना के लगे अब अपना देश से एगो बड़हन पैगाम आइल बा। बांग्लादेश सुप्रीम कोर्ट बार एसोसिएशन के अध्यक्ष एएम महबूब उद्दीन खोकोन भारत से शेख हसीना के गिरफ्तार कs के वापस बांग्लादेश भेजे के मांग कइले बाड़न। ऊ कहले कि हमनी के भारत से बढ़िया संबंध चाहतानी आ शेख हसीना के वापस भेजल जाए।

बार एसोसिएशन के अध्यक्ष शेख हसीना के बहिन शेख रहना के भी उनका संगे वापस बांग्लादेश भेजे के मांग कइले।

बांग्लादेश के अखबार ‘डेली स्टार’ के मुताबिक, एगो बयान में एएम महबूब उद्दीन खोकोन कहले कि, 'हम भारत के जनता के संगे निमन संबंध बनावल चाहतानी।' देश से भागल शेख हसीना आ शेख रेहाना के गिरफ्तार कs के वापस बांग्लादेश भेज दीं। शेख हसीना बांग्लादेश में बहुते लोग के हत्या करा दिहले बाड़न।

शेख हसीना सोमार के साँझ भारत आइल बाड़ी

पिछला महीना से बांग्लादेश में चलत छात्र आंदोलन एतवार के दिने अचानक हिंसक हो गइल जवना में सौ से अधिका लोग के मौत हो गइल। सोमवार के प्रदर्शनकारी ढाका के ओर मार्च करे लगले। हिंसा के बीच शेख हसीना के हड़बड़ी में देश छोड़े के पड़ल। हसीना सेना के हेलीकाप्टर में अपना बहिन के संगे भारत के अगरतला में उतरली। एकरा बाद ऊ दिल्ली के लगे गाजियाबाद में हिंडन वायुसेना अड्डा के सुरक्षित घर पहुंचली आ फिलहाल उहाँ रहत बाड़ी।

एही बीच शेख हसीना के बेटा सजीब वाजेद लगातार मीडिया से बतियावत बाड़े। ऊ बतवले बाड़न कि लगातार चउथा बेर देश के प्रधानमंत्री बनल शेख हसीना एह साल के शुरुआत में पांचवीं बेर आम चुनाव जीतले रहली।

वाजेद इंडिया टुडे से कहले कि, 'हम काल्ह उनका (शेख हसीना) से बात कईनी, ऊ ठीक बाड़ी, बाकी निराश बाड़ी।' उनका निराशा बा कि ऊ बांग्लादेश खातिर अतना काम कइलन आ तबहियो कुछ लोग उनका खिलाफ हो गइल।

शेख हसीना के कवनो देश शरण नइखे देत 

वाजेद ओह खबरन के भी खारिज कर दिहले बाड़न जवना में कहल जात रहे कि शेख हसीना ब्रिटेन से शरण लेले बाड़ी आ हो सकेला कि ऊ जल्दिए लंदन जा सकेली । ऊ कहले कि ई रिपोर्ट गलत बा आ उनकर महतारी कवनो देश से शरण नइखी लेले।

ऊ कहले कि,

'ऊ लोग अइसन कवनो फैसला नइखन कइले। ई उनुका पs निर्भर बा कि ऊ का करीहे। ऊ अलग-अलग देश में अपना पोता-पोती से मिले आ सकेली। हमार पूरा परिवार विदेश में रहेला। अइसने में उनका शरण लेबे के खबर एगो अफवाह बा ।

बांग्लादेश में हिंसा बंद नइखे होखत

बांग्लादेश सेना अंतरिम सरकार बनावे के एलान कइले बिया आ नोबेल पुरस्कार विजेता डॉ. मोहम्मद यूनुस के सरकार के मुख्य सलाहकार बनावल जाई। एकरा बावजूद बांग्लादेश में हिंसा नइखे रुकल आ हर जगह अराजकता फइलल जात बा।

प्रदर्शनकारी शेख हसीना के पार्टी अवामी लीग के नेता लोग के निशाना बनावत बाड़े। पार्टी के 20 नेता के लाश भी बरामद भइल बा। देश में लूटपाट आ तोड़फोड़ होखता आ अल्पसंख्यक के निशाना बनावल जाता। बांग्लादेश आ ओह लोग के मंदिरन पर रहे वाला हिन्दू हमला के शिकार हो रहल बाड़े।

 

 

Tags :
Arrest shekh hasinaAsylumBangladesh armyBangladesh Newsbig breaking newsbreaking newsKhabar bhojpurikhabar bhojpuri officialmohammad yunusPM Shekh Hasina
Advertisement
Next Article